अइसन लिपलसि कि गोबरे-गोबरे लउकत बा – बतंगड़ 120

कबो गाँव के मुखियाइन रहल नेतइन के पतोहिया अचानके घर आङन लिपे के तय कर लिहलसि। कहलसि कि दाई बढ़िया से काम नइखे करत आ घर आङन के रूप बिगाड़ के ध दिहले बिया। ओकर कहना रहल कि बहुते दिन से एह दाई के काम देख रहल बानी। दिन पर दिन बिगड़ले जात बिया। घर के बाकी लोग ओकरा वाहवाही में लागल बा आ ओकरा गलती पर केहू ओकरा के टोकत नइखे। मजबूरन ऊ एकदिन आङन लिपे चल दिहलसि। भर बाल्टी गोबर घोरलसि आ लागल लिपे। आङन लिपाइल भा ना बाकिर चारो ओर गोबरे-गोबर जरूर कर दिहलसि।
गाँव के एगो नारद मुनि, नाम त बढ़िया बा बाकिर काम महाघटिया। बाकिर तबहियों गाँवे का दूर-दूर के जवारो में एह आग-लगवना एने के खबर ओने करे आ एही बीच ओह पर आपन मुलम्मा चढ़ावे में उस्ताद हउवन।
कहलन कि घर लिपे के मन कइसे कर दिहलसि? आज ले त रउरा लिपाई छोड़ीं कबो बहारहूं के काम नइखीं कइले। अब अचके में अङना लिपे के मन कइसे हो गइल?
पतोहू बतवली कि मन त कई दिन का कई बरीस से करत रहुवे कि एह दाई के हटा के ई काम अपनहीं कर लिहल करीं। पिछलका दाई त जवन करे के होखे पहिले हमरा से पूछ के करत रहुवे। हमरा सोझा ओकरा बइठे के कहो खड़ो होखे के हिम्मत ना रहुवे। बाकिर अबकी के मनबढ़ दाई हमरा के कुछ बूझबे ना करे। ठीक बा कि आज ना त हमार मुखियाइन सास जिन्दा बाड़ी ना हमार मरद एहसे एगो अबला विधवा के केहू सुने भला काहे?
आगे बतवली कि अइसन ना रहे कि हमरा नईहर ले हमरा बारे में बात ना चहुँपत रहल। बाकिर हमार मरद आ हम तय कइले रहीं कि एह सब पर कान नइखे देबे के। माई जब ले जिन्दा रहल तबले केहू के बेंवत ना रहल कि हमरा बारे में इहो पूछे कि बिआह कब भइल, कवना रीति-रिवाज से भइल, आ बिआह से पहिले के हमार धंधा का रहल। बाकिर सास के मरते लोग खुल के तरह तरह के बतकही पसारे लागल। आ जब मरदो ना रहलें तबो अपना बेंवत पर तब के दाई के हड़कवले रहत रहीं। एक दिन हमार बेटा ओकर साड़ियो फाड़ दिहलसि कि ई का बेमतलब वाला साड़ी पहिरले बाड़ू! पहिरहीं के बा त हमरा मन वाला पहिरऽ। आ दाई एहू पर कुछ ना कहलसि। चुप लगा गइल।
बतवली कि कवना तरह अपना मरद से हमार भेंट एगो महफिल में भइल रहल। तब हम ओहमें नाच-गाना कइल करत रहीं। हमरा मरद हमरा नाच-गाना पर रीझा गइलन आ हमरा से बिआह कर ले अइलन। सास त पहिले पूरा भड़कल रही बाकिर बाद में मान गइल रही। जात-धरम के बात त उहो ना मनले रही। उनकर धरम अलग रहल आ ससुर जी के धरम अलग। त हमरा जात धरम पर कुछ कइसे कहती? मान गइली आ हमार बिआह हो गइल। गाँव के पंजिका में हमार नाप कुछुए दिन मेंं शामिल कर लिहल गइल बाकिर बाद में लागल कि एहमें नियम कायदा के पालन नइखे भइल। त बाद में फेर सही तरीका से हमार नाँव गाँव का पंजिका में दोबारा चढ़ावल गइल।
आपन बात बतावत कहली कि नइहर के मिलल संस्कार आ कायदा ऊ आज ले नइखी छोड़ले। हँ एह गाँव के कायदा-कानून माने में जरुरे उनका कुछ दिक्कत लागल। बाकिर जब ओखर में मूड़ी डालिये दिहले रहीं त मूसर गिनला से का फायदा रहल। अपना सास के हत्या का बारे में बतवली कि संजोग से ओह दिन हम उनुका साथे ना निकलल रहीं जब आपने दरवान उनुका के गोली से भूँज दिहले सँ। आ अइसने संजोग ओहू दिन बनल जब हम अपना मरद का साथे ओह मीटिंग में ना गइल रहीं आ एगो बदमाश लड़की उनुका के बम से उड़ा दिहलसि।
कहली कि एह गाँव का बारे में पहिले कुछ ना जानत रहीं। बाकिर बाद में तेजी से एह गाँव के रीति-रिवाज सीख लिहलनी। आ अपना काबिलियत का बारे में अपने का ढिढोंरा पीटीं अइसन सिखनी के घर के कवनो काम हमरा मरजी का बिना ना होखेला। पहिलहीं ना आजुओ घर में हमरे चलेला।
नारद मुनि जब उनुका से उनुका बबुआ का बारे में पूछलन त कहे लगली कि आपन धियवा नीमन रहीत त बिरान पारित गारी! बेटवा से बेसी लायक बबुनिया हवे बाकिर हमरा नइहरो में एहिजा ससुरो में घर के मलिकाँव बेटवे के दिहल जाला। उमेद करत बानी कि एक दिन उहो सयान हो जाई आ हमरा एह तरह के कहानी सुनावे के जरुरत ना रह जाई।
नारद मुनि त उनुका से अउरी बहुत बात जाने-बूझे के कोशिश कइलन बाकिर उनको में हिम्मत ना रहल कि कह देसु कि, एह दुलहिन, तू त अइसन घर लिपलू कि चारो तरफ गोबरे-गोबर लउकत बा।

0 Comments