सोस्ती सिरी पत्री लिखी पटना से-68
आइल भोजपुरिया चिट्ठी
कोशी भरबि एह बेरिया हो

सरजू साहु का सिवाला भीरी लाउडीस्पीकर पर छठि के एगो गाना बाजत रहे- कोशी भरबि एह बेरिया हो, सरधा बाटे मनवाँ। छोटका नतिया अपना मइया से पुछलसि- मइया, कोशी का होला?
काकी कहली- “हमनी का त खाली ‘कोशी भरल’ जानत रहलीं हा जा। एहसे आगा त लभेरने बतइहें। बतावऽ हो लभेरन! तनी संस्कृत से जोरिके नीमन से समुझइह।”
अब लभेरन बतावे शुरू कइले।
संस्कृत में एकरा खातिर प्रचलित मूल शब्द हटे- ‘कोश’, जवन ‘कुश्’ धातु से बनल बा आ ओकरे स्त्रीलिंग आ छोटहन रूप हटे कोशिका। ‘कोश’ के माने भइल- जवन ढाँकि के राखे, सम्हारि के राखे, भंडार, कोंखि आदि अउर कोशिका के माने भइल- छोटहन कोश, छोट कोठरी भा छोटहन भंडार। छठि में माटी का जवना बरतन के फल, पकवान आदि से भरल जाला, ऊ माटी के बरतन ‘कोशिका’ के लोक रूप हटे। ओकरे के कोशी कहल जाला।
ई व्याख्या नतियन का माथा का ऊपर से निकलि गइल बाकिर जिज्ञासा अबहिंयो टस से मस ना भइल रहे। बड़का नतिया एगो सवाल दागिए दिहलसि- “त कोशी काहें खातिर भरल जाला, सभ किहाँ त छठ में ना भराला।”
लभेरन फेरु समुझावे लगलन।
अब सवाल बा कि कोशी काहें भराला। छठि में अधिकतर लोग संताने के मनौती मानेला। छठि के कवनो गीत देखीं त ओहमें अधिकांश बियहल तिवइन के एकही साध लउकेला। ऊ छठी मइया से अरज करेलिन- “ए छठी मैया, हमार गोदिया भर दीं।” जब मनौती पूरा हो जाले त ऊ साधारन छठ ना करेली, बलुक कोशी भरेली।
अबकी काकी आपन जिज्ञासा बतवली- “त ई गोद भराई के रसम हउए आ कि ई कइके हमनी का छठी मइया का आशीर्वाद खातिर आपन आभार व्यक्त करींले जा?”
लभेरन का भीरी त जइसे हर सवाल के जबाब रहेला, ऊ बेमतलबे के रोज चार घंटा ना पढ़ेले! ऊ बतावे शुरू कइले।
रउआँ ठीके कहतानी काकी! हम एहमें तनिका अउर जोरल चाहबि। पहिल बात त ई कि कोशी संतान खातिर ना, संतान भइला का बाद भरल जाला। बहुत लोग एहके उलुटा बूझि लेले। पहिले महतारी के मनौती रहे कि छठी मइया, हमार कोंखि भरि द। अब जब बरतिन के कोंखि भरि गइल त उनुकर धरम बनऽता कि ऊ आभार परगट करे खातिर मइया के कोशी भरसु। माने, कोशी भरल माङल ना हटे, चुकावल हटे।
दोसर बात ई कि अब कोंखि खाली हो गइल बा, एहसे फेरु भरि दीं। बच्चा का जनमला का बाद महतारी के कोंखि त खाली होइए नु जाले? लोक-मान्यता त ईहे नु बिया कि बच्चा आइल, कोंखि खाली भइल। अब फेरु से कोंखि के शुभत्व से भरल जाउ, जवना से आगे भी बंस चलो, घर में सुख बनल रहो आ अगिलो संतान नीमन आ स्वस्थ होखे। त एह तरह से कोशी भरल खाली एगो संतान खातिर ना, लगातार बंस के बढ़ोत्तरी होखो, एह खातिर हटे।
तिसरका बात में एकर माने बदलि जाता- कोशी केकरा खातिर भरल जाला? घुमा फिराके रउरे वाला जबाब। पहिले कोखि भरे के मनौती, फेरु मनौती पूरा भइला पर कोशी भराइल। ई कोशी महतारी के कोंखि ना हटे, ई छठी मइया के गोद हटे। माने, ए मइया, रउआँ हमार गोद भरलीं आ अब हम राउर कोशी भरतानी। ठेकुआ, फल, ऊँखि, दीया- सभ रउरा गोदी में धरऽतानी। एक तरह से कहीं त ई आदान-प्रदान भइल। साफ बाटे, कोशी कोंखि भरे खातिर ना, कोंखि भरला पर धन्यवाद का रूप में ब्रत के एगो बिध हटे। एकरा के ‘मनौती उतारल’ भी कहल जाई।
एह पारी के लभेरन के बात लइकनो के कुछ-कुछ बुझाइल आ काकी त पूरा संतुष्ट हो गइली। अतना में छोटका नतिया सीधे लभेरने से कहलसि- “अंकल, घुनिया चाची किहाँ कोशी भरात रहे त हम तनिके देखले रहीं। हमरा नीनि आवत रहे, एहसे सूति गइलीं। रउआँ एक बेरि बता दिहीं ना कि कोशी कइसे भराला।”
लभेरन बतावे लगले।
देख लोग! छठ का तीसरा दिने माने पहिल अरघ वाला दिने, जब डूबत सूरुज के अरघ देके सभ घरे लवटेला तब राति में गीत-गवनई का सङे कोशी भराला। एह दिन टोला-मोहाला के मेहरारू जुटेली सन। सभ मिलिके 5, 7 भा 11 गो साबुत ऊँखि के मंडप बनावेला आ तरह-तरह का रंग-बिरंगी झालर से ओहके सजावेला। फेरु तरह-तरह का फल से कोशी भरल जाला आ चउमुख दीया जरावल जाला। रात भर कोशी आङन में जगमगात रहेला। दोसरका अरघ का दिने भोरे घाटे पर ओहमें ठेकुआ ओगैरह भरल जाला। बिहार में अलग-अलग जगहा पर कुछु अलगो रिवाज मिलेला। एही से, बिहार का जवना-जवना क्षेत्र से बिहार के बेटी बाहर गइल बाड़ी सन, ओहिजा-ओहिजा ऊहे तौर-तरीका अपनावल गइल बा।
तले छोटका नतिया के एगो बात याद आ गइल। ऊ पुछलसि- मंडप में माटी के हाथी काहें राखल जाला?
लभेरन बतवले- “लोक मान्यता में माटी के हाथी गणेश भगवान के स्वरूप हटे। बिना गणेश जी के कवनो पूजा शुरू ना होखे। संतान हाथी जइसन बलवान, दीर्घायु होखे अउर ओकरा जीवन में शुभे-शुभ होखे- ई आशीर्वाद सभे छठि मइया से चाहेला।”
—————————————————————

0 Comments