अपने-अपने युद्ध के चउथी कड़ी
(दयानंद पांडेय के हिन्दी उपन्यास के भोजपुरी अनुवाद)
(जानत बानीं कि रउरा पिछला कड़ी पढ़ लिहले बानी तबहियों इयाद करावल जरुरी लागल कि नइखीं पढ़लें त शुरुआत ओहिजे से करीं – अनुवादक)

आ लोहिया? गांधी? लोहिया आ गांधी? कि गांधी आ लोहिया? लोहिया त मेहरारुअन के हालत का बारे में लिखलें, बाकिर अपना ‘‘मेहरारुअन’’ का बारे में कहीं ना लिखलें। इलाहाबाद के ओह श्रीमती पूर्णिमो बनर्जी का बारे में ना, जिनुका से, कहल जाला कि, उनुकर बियाह होत-होत रह गइल रहल! हालाँकि लोहिया का ओर आकर्षित मेहरारुअन के संख्या बढ़िए रहल। तबो ऊ ‘अविवाहित’ रहलें। तब, जब ऊ सुन्दरता के तलबगार रहलें। सुन्दरता के रसिक पुजारी!
हँ, गांधी अपनी पत्नी आ अपना सेक्स का बारे में टॉफी-टोकन लेखा सही, जरूर लिखलें। फेर ऊ सोचलसि कि का गांधियो एक से जादे मेहरारुअन का फेर में पड़ल होखिहें? हो सकेला, पड़ल होखसु। फेर अचानक ऊ रजनीश पर आ गइल आ जइसे अपना आप से कहे लागल कि रजनीश लेखा विद्वान आ साफ-साफ बोले वाला होखल कतना कठिन बा। एह सदी के अतना बड़ विद्वान दार्शनिक। बाकिर अफसोस कि उनुका के ठीक से चिन्हल ना गइल। आ मनहीं-मन ऊ उच्चरलसि कि एक बेर गांधी होखल आसान बा, लोहिया होखल आसान बा, मार्क्स, लेनिन आ माओ होखल आसान बा, बाकिर रजनीश होखल आसान नइखे। ठीक ओही तर्ज पर जइसे रजनीश कहलें कि एक बेर बुद्ध आ महावीर होखल आसान बा, बाकिर मीरा होखल आसान नइखे। आ फेर रजनीश के ई स्थापना कि मीरा त एगो शराब हई, एगो नशा हई। ई कहलो केहू खातिर आसान बा का?
गांधी राम का बारे में बहुते कहलें, लोहिया राम आ कृष्ण पर खूब लिखलें; राधा आ मीरा का बारे में जादे ना, चरचा भर के लिखलें। बाकिर गांधी? गांधी मीरा के गा सकत रहलें, मीरा पर लिखल उनुका वश के ना रहल। बाकिर लोहिया मीरा के भक्ति के एगो नया आयाम दिहलें। द्रौपदी का साथे मीरा के तुलनात्मक विश्लेषण करत नारी के तीन गो रूप बतवलें—भोग्या, सती आ सहचरी। कहलें कि मीरा फैंटेसी में कृष्ण के जिएली आ द्रौपदी साक्ष्य में। आ सचो बा कि द्रौपदी का ओर कृष्ण के झुकाव जादे बा। मीरा का बारे में रजनीश लेखा लोहिया भा गांधी काहे ना कह पवलें? ठीक बा कि तीनो के कैनवस, तीनो के सोच आ एप्रोच अलग-अलग रहल। बाकिर अउरी कई मामला में रजनीश जतना बेलाग, बेलौस आ बेहतरीन अंदाज में बात काहे ना कह पवलें लोहिया? काहे ना कह पवलें गांधी? आ शायद एहीसे ऊ अपना कहानीकार दोस्तन से कहतो रहे कि कहानी कहे के कला अगर सीखे के होखे त रजनीश से सीखऽ।
अचानक ऊ सोचलसि कि ‘‘गांधी, लोहिया आ जयप्रकाश’’ पर त बहुते लिखल गइल बा आ तय कइलसि कि ‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश’’ पर तुलनात्मक किताब ना सही, एगो लेख त ऊ लिखबे करी। फेर सोचलसि, एकरा के पढ़ी के? आ हर बेर का तरह फेर सोचलसि कि एह विषय पर जइसन ऊ सोचत बा, वइसने लिखियो पाई? एकदमे शास्त्रीय ढंग से, कि ऊ लेख शाश्वत बन जाव। फेर अपनहीं से कहलसि कि जब अखबार खातिर लिखे के बा त शास्त्रीय ढंग से काहे, सर्रे से काहे ना? कहीं जादे शास्त्रीय हो जाव आ संपादके के माथा से ऊपर निकल जाव त? बाकिर ऊ फेर मूल सवाल पर आ गइल कि का अपना एह लेख ‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश’’ में ऊ तीनो का साथे निष्पक्षता बरत पाई? फेर जइसे अपनहीं के जवाब दिहलसि, काहे ना? काहे कि ऊ त तीनो के भक्त बा—गांधी के, लोहिया के आ रजनीशो के।
फेर जइसे अपनहीं के कटघरा में खड़ा क लिहलसि आ पूछलसि कि का सचहूँ ऊ एह तीनो का साथे निष्पक्ष रह पाई? आ फेर जवाब दिहलसि कि हँ। बाकिर सवाल फेर उठल कि ऊ त रजनीश के कायल बा। आ अबहीं थोड़े देर पहिले अपनहीं कहत रहल कि एक बेर गांधी आ लोहिया होखल आसान बा, रजनीश होखल आसान नइखे। फेर एगो वाक्य अउरी जोड़लसि कि का रजनीशो एगो शराब नइखन, एगो नशा नइखन? आ अपनहीं से पूछलसि कि त फेर अगर रजनीश शराब हउवें त गांधी आ लोहिया का स्नैक्स हउवें? जे शराब का साथे चुगल जा सकसु? ना। ऊ अपनहीं के धिक्करलसि! कि गांधी आ लोहिया का बारे में ओकरा अइसन नीच खयाल आइल कइसे? बाकिर ओकरा भीतर से कहीं आवाज आइल कि बेटा, बेवकूफिए में सही, बात तू मार्का के कहले बाड़ऽ कि रजनीश एगो शराब हउवें आ गांधी, लोहिया स्नैक्स। सच, हालत इहे बा कि गांधी आ लोहिया स्नैक्स लेखा हर जगहा फिट हो जालें, बाकिर रजनीश शराब लेखा अधिकतर लुका-छिपा के शामिल होलें।
बाकिर ई त उथली सोच हवे। ऊ अपना मन के समझवलसि कि अइसन स्थापना ओकरा के कहीं के ना छोड़ी। आ तय कइलसि कि गांधी नेता, लोहिया विचारक आ रजनीश दार्शनिक। बाकिर ई प्रतिमानो ओकरा बासी लागल आ फेर अपनहीं से कहलसि कि बेटा, अगर इहे सब लिखे के बा त मत लिखऽ। एकरा से बढ़िया त तोहार उहे शराब आ स्नैक्स वाली एप्रोच बा। ऊ तय कइलसि कि केहू हँसे, चाहे ओकर मजाक उड़ावे, बाकिर ऊ लिखबे करी—‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश!’’ दू गो सवाल फेर संजय के मन में लगभग दउड़ के घुस गइल। एक त लेख के शीर्षक के ले के कि बेर-बेर गांधीए के नाम पहिले काहे लेवेला कि ‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश!’’ ‘‘लोहिया, रजनीश आ गांधी’’ भा फेर ‘‘रजनीश, गांधी आ लोहिया’’ भा ‘‘लोहिया, गांधी आ रजनीश’’ वगैरह-वगैरह जइसन कुछ काहे ना। बाकिर ई सवाल ओकरा लागल कि बेवजहे उठा दिहलसि। एह सवाल में कवनो वजन ना रहल। बाकिर दोसर सवाल ओकरा एह समूचा सोच पर पानी फेरले जात रहल। सवाल ई रहल कि का ऊ रजनीश पर निरपेक्ष ढंग से कलम चलाइयो पाई?
जब-तब, जवना-तवना लड़की भा मेहरारू के देख के चूमे के हसरत जाग जाव, ओकरा साथे सूते के ललक मनहीं-मन अँकुरा जाव, आ त आ, राह चलत जवना-तवना मेहरारू, लड़की के दुर्घटना हो जाए के हद ले मुड़-मुड़ के देखे के जवना के आदत होखे, डी. टी. सी. के बस में मेहरारुअन का साथे रगड़-घिस्स आ कवनो लड़की के खाली छुअन खातिर बेकल रहल, पीछे से सट के खड़ा हो जाए जइसन ओछ हरकत ले से बाज ना आवेनी रउरा, सपने में जाँघिया खराब क देनी, माने हरदम महिला रोग में मरत रहब रउरा आ लिखब रजनीश पर! ओकर बस चलित त एह सवाल का साथे अपनहीं के एगो चाँटा मार लेइत। बाकिर ना, ऊ पान के दोकान का बाहर जरत रसरी से सिगरेट सुलगावे लागल।
बाहर सिगरेट सुलगत रहे आ भीतर ऊ अपने सुलगत रहे। झुलसत रहल ओकर लेख के शीर्षक—‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश!’’ ऊ एक बेर अपना के तसल्ली दिहलसि। माथा के बार सहलावत अपना मन के समझवलसि कि एह मामला में अपना के अपराधी माने के कवनो जरूरत नइखे आ ई सब कुँवरपन के समस्या हवे। आ अबहिए त ऊ टीनएज के देवाल फनले बा, त एह जवानी में लड़कियन का बारे में ऊ ना सोची त के सोची? जवना-तवना लड़की के चूमे भा ओकरा साथे सूते के सपना ऊ ना देखी त का ओकर बाप देखी? डी. टी. सी. के बस में मेहरारुअन का साथे अगर आँखि मूँद के तनी-मनी बेशर्मी क लेला त ईहो कवनो अइसन अपराध नइखे जवना खातिर ऊ अपनहीं के जेल में बइठा लेव। अधिका से अधिका एह बेशर्मी पर लगाम लगा लेव। बस! रहल बात सपना में जाँघिया खराब क लिहला के, त एकरो इलाज बा कि खोज-खाज के कवनो पेटीकोट वाली के इन्तजाम क लेव आ आपन जाँघिया का बदले केहू के पेटीकोट खराब करे।
फेर ऊ सोचलसि कि जरूरी त नइखे कि केहू पर लिखे खातिर ओकरा के जिनिगी में उतारियो लिहल जाव। अब ऊ भ्रष्ट भा फ्रॉड लोग का खिलाफ तमाम लिखत रहेला त अइसन त नइखे कि ओह लोग का बारे में लिखे से पहिले ओही लोग लेखा हो जाला। त का जरूरी बा कि रजनीश वगैरह पर लिखे खातिर ओह लोग के दर्शन के पूरा तरह जिनिगी में उतरिए लिहल जाव? मान लिहल जाव कि समूचा रजनीश दर्शन एही पर टिकल बा कि चाहे सेक्स होखे भा पानी, ओकरा के पूरा तरह पवले बिना भा ओकरा से अघइले बिना रउरा ओह बारे में एथॉरिटी ना हो सकीं। त फेर गांधी आ लोहियो के विचारे के त ऊ भक्त बा। ओह लोग के अपना जिनिगी में ऊ पूरा तरह कहाँ उतार पावेला? भा ओहू लोग के ऊ पूरा-पूरा पढ़ले भा गुनले कहाँ बा? आ आखिर लेखन खातिर, आपन बात कहे खातिर ई जरुरीओ नइखे। फेर ऊ तय कइलसि कि एह मसला पर बहुते सोच चुकल। अब अउरी ना सोची। आ अब सीधे लिखी—‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश।’’
संजय अबले बस से उतर के अपना घर वाला बस स्टॉप पर आ गइल रहे। ऊ बस स्टॉप वाली पान के गुमटी से सिगरेट के डिबिया किनलसि आ एगो दियासलाईओ। हालाँकि रसरी इहँवो जरत रहल। बाकिर ना जाने काहे रसरी से सिगरेट सुलगावे में ओकर सगरी मजा बिगड़ जाव। दियासलाई के जरत तीली से सिगरेट सुलगावे के जवन मजा बा, ऊ रसरी से सुलगावे में कहाँ बा? बलुक सिगरेट सुलगावे से पहिले अपनहीं सुलग जाला। बाकिर ना जाने काहे दिल्ली में तब ऊ लगभग हर जगहा जरत रसरी देखले रहे। हालाँकि कहीं-कहीं बिजुली के स्विचो तब शुरू हो गइल रहलें। ई त अउरी खराब लागे।
सिगरेट! सुलगत सिगरेट!! आ ऊ!!!
संजय के इयाद बा कि पहिले पारिवारिक संस्कार का चलते सिगरेट से ओकरा कतना घिन रहे। ऊ सोचलहूँ ना रहे कि जिनिगी में कबो सिगरेट पियियो सकेला। सिगरेट से ऊ अपना के बहुते बचवले रहे। दोस्तन आ सहपाठियन के मनुहार, इसरार आ जबरदस्ती लगभग धकेलत। बाकिर एक बेर एगो पुरान फिलिम ‘ममता’ में जब ऊ अशोक कुमार के तनाव का घरी बेर-बेर सिगरेट सुलगावत देखलसि त ओकरा मजा आ गइल। सोचलसि कि सिगरेट पीए भा मत पीए, एक बेर होंठ में दाब के सुलगइबे करी। ‘ममता’ फिलिम में सुचित्रा सेन के मोहक अंदाज, दिलकश गीत आ अशोक कुमार के सिगरेट सुलगावल ऊ आजो नइखे भुलाइल। जइसे विमल रॉय के ‘देवदास’ फिलिम में दिलीप कुमार के संवाद कि ‘‘कौन कमबख्त बर्दाश्त करने के लिए पीता है।’’ ‘महल’ समेत अउरी कई फिलिमन में अशोक कुमार लगभग ओइसने तनाव का घरी सिगरेट सुलगवले रहलन। बाकिर संजय के ना जाने काहे ‘ममता’ फिलिमे में अशोक कुमार के ऊ अंदाज भा गइल रहे। हालाँकि एह ‘ममता’ फिलिम में अशोक कुमार बाद में सिगरेट छोड़ पाइप पर आ गइल रहलन। आ संजय सोचलसि कि अगर सिगरेट पिए लागी त पाइपो जरूर पीई। एकदमे अशोक कुमार का तरह।
आ सचहूँ, जब फिलिम देख के हॉल से निकलल त तुरन्त एगो सस्ता-सा प्लेन सिगरेट किनलसि। दियासलाई लिहलसि। सिगरेट होंठ में दबलसि। बाकिर चार-पाँच तीली फूँक चुकला का बादो जब सिगरेट ना सुलगा पावल त पानवाला भुनभुनाए लागल। होखे ई कि सिगरेट सुलगावत घरी ऊ हड़बड़ी में मुँह से साँस लेबे लागे आ सिगरेट सुलगे का बदले तीली बुत जाव। ऊ एही तरह तीली पर तीली जब बरबाद करे लागल आ पानवाला के भुनभुनाहट बढ़त गइल त एगो दियासलाईओ किन लिहलसि। पानवाला मुसकाइल, ‘‘एगो सिगरेट आ पूरा दियासलाई!’’ आ सचहूँ, जब जइसे-तइसे सिगरेट सुलगल त ओह दियासलाई के आधा से अधिका तीली स्वाहा हो चुकल रहल आ सिगरेट के तमाकू मुँह में घुस के जबान के बेमजा करत रहल। सिगरेट ओकरा पिए के त रहबे ना कइल, एहसे सुलगवते फेंक दिहलसि आ पूरा ताकत लगा के थूकलसि। चाय के दोकान से पानी ले के कुल्ला कइलसि। तब जा के जान में जान आइल। फेर महीनन ओकरा मन से सिगरेट गायब रहल। एही बीच जैनेंद्र कुमार के उपन्यास पर बनल फिलिम ‘त्यागपत्र’ में ऊ प्रताप शर्मा के तनाव का घरी सिगरेट सुलगावत देखलसि त लागल, अब ओकरा सिगरेट पिअहीं के चाहीं।
आ ऊ सिगरेट पिए लागल।
हालाँकि ओही दिना एगो रिसर्च आइल रहल, जवना में शायद बतावल गइल रहल कि एक सिगरेट पिए से आदमी के उमिर पाँच मिनट घट जाले। सिगरेट के पैकेटो पर ‘‘स्वास्थ्य के लिए खतरनाक’’ छपे लागल रहल। संजय ‘हंगरियन डाइजेस्ट’ में एगो हंगरियन लेखक गीजश हेगेड्स के एक सिगरेट से पाँच मिनट उमिर घटे पर एगो बहुते दिलचस्प लेख पढ़लसि। एह लेख में गीजश अपना किशोर उमिर से तमाकू, सिगरेट आ पाइप पिए के हिसाब लगवले रहलन। जवना बेहिसाबी से ऊ सिगरेट पियले रहलन, ओह हिसाब से उनुकर उमिर कवनो पचीस-तीस बरीस घट जाए के चाहत रहल। लेख लिखत घरी ऊ सत्तर बरीस के रहलन। उनुकर कहनाम रहे, ‘‘फेर जीअब कवना खातिर?’’ फेर उहे तर्क दिहले रहलन कि सिगरेटे से काहे? होटल में बैरा बदतमीजी क दे, ऑफिस में बॉस भा चपरासी बदतमीजी क दे, रउरा मिलेट्री में भरती होखे के पड़ जाव, सड़क पर मोटरन के धुआँ, रोज आलू खाइल—अइसन बहुते चीज ऊ उदाहरण का साथे गिना दिहले रहलन, जे उनुका मुताबिक सिगरेट से कहीं जादे उमिर घटावे वाली रहलें। फेर अन्त में गीजश सिगरेट के पैकेट पर लिखल ‘‘इंज्यूरियस फॉर हेल्थ’’ पर आ गइल रहलन। उनुकर तर्क रहे कि अगर रउरा कवनो लड़की से प्यार करत होखीं आ अचानक एक दिन ओकर सगरी कपड़ा उतार दीं आ फेर ओकरा देह पर लिखल देखीं ‘‘इंज्यूरियस फॉर हेल्थ’’, त का रउरा रुक जाइब? ओकरा के प्यार ना करब? आ हम सिगरेट से प्यार करीले। सिगरेट बिना जी ना सकीं। हम सिगरेट बिना जिनिगी के कल्पना ना क सकीं। सिगरेट हमार जान हवे। अइसने कुछ शब्द में ऊ लेख खतम कइले रहलन। संजय के गीजश के ई तर्क अतना भा गइल रहल कि जब-तब बातचीत में लोग के बतावत रहे। ओह दिना संजय कविता लिखत रहे आ एगो लड़की के प्रेम में पड़ल रहे। पागलपन के हद ले। तब के एगो फिलिमी गाना ‘‘उल्फत में जमाने की हर रस्म को ठुकराओ’’ गुनगुनाव आ सिगरेट सुलगावे। लुका-छिपा के।
ई बहुते तनाव भरल दिन रहलें। सिगरेट पिए से ओकर तनाव तनिको ना छँटे, बलुक अउरी बढ़ जाव। अइसन रिसर्चो बाद में अइलें कि सिगरेट पिए से तनाव बढ़ेला। बाकिर संजय के असल में मजा सिगरेट पिए में ना, सिगरेट सुलगावे में आवत रहे। ओकरा लागे जइसे ऊ सिगरेट ना, अपना के सुलगावत बा, जमाना के रस्म में पलीता लगावत बा। ओकरा तब का पता रहे कि ऊ अपनहीं के झुलसावत बा। पलीता पर अपनहीं बइठल बा। त ऊ कविता, प्रेम, तनाव आ सिगरेट के दिन रहलें।
कवि-गोष्ठियन में बइठल-बइठल ऊ पैकेट पर पैकेट सिगरेट सुलगा डाले। एक बेर जब ओकर दोस्त शायर हमदम बतवलन कि ऊ तीन-साढ़े तीन घंटा के गोष्ठी में बीस गो सिगरेट फूँक गइल बा, त ओकरा अचरज ना, खीझ भइल। ऊ हमदम के डपटलसि, ‘‘त जनाब हमार सिगरेट गिनत रहीं।’’ हमदम ओकरा डाँट पर सकपका गइलन आ कहलन, ‘‘ना साहब, रउरा बीस गो सिगरेट अउरी फूँकीं। बाकिर हमरा राउर सेहत के चिन्तो बा।’’
‘‘काहे, हमार सेहत के का भइल बा?’’
‘‘कुछ ना। बस रउरा सिगरेट फूँकीं।’’ कहत हमदम दू गो पैकेट सिगरेट अउरी ओकरा ओर बढ़ा दिहलन।
‘‘दियासलाईओ!’’ बड़ी बेहयाई से संजय कहलसि आ तीली जरा के सिगरेट सुलगावे लागल। हमदम के बिसूरत देख लारी, जे अपने बहुते सिगरेट फूँकत रहुवे, कहलसि, ‘‘फिकिर मत करऽ हमदम, ई साला बहुते होशियार बा। सिगरेट के धुआँ भीतर नइखे ले जात। देखत नइखऽ, धुआँ त मुँहवे से बाहर फेंक देत बा। मुँह से भीतर जाई धुआँ तब नू फेफड़ा हलाक होई।’’ फेर ऊ संजय का ओर मुखातिब भइल, ‘‘साले, जब सिगरेट पिए ना आवे त काहे ओकर मइया फक करेलऽ?’’
‘‘अबे, तोहरा से के कहलसि कि हम सिगरेट पीहींले?’’ संजय बिफरल।
‘‘त?’’
‘‘हम त खाली सिगरेट सुलगाइले। आ अपना के सुलगत पाईले।’’ संजय भावुक होत रहे।
‘‘अहा! का बात कह दिहलऽ। मुकर्रर!’’ कहत लारी संजय के बाँह में भर लिहलसि। कहलसि, ‘‘जाऽ हमदम, तू ना बुझबऽ।’’ आ एकरा बादे हमदम एगो गजल लिखलन। जवना के मतला अतना सुन्दर रहे कि संजय के आजो इयाद बा—‘सर्द लहू है क्या मुसकाऊं, सोच रहा हूं अब बिक जाऊं।’ सुनते संजय कहलसि, ‘‘बशीर बद्र के छुट्टी।’’ बाकिर अफसोस कि हमदम बशीर बद्र के छुट्टी करे का बदले धीरे-धीरे अपने शायरी से छुट्टी पावे का राहे लाग गइलन। अपना जूनियर इंजीनियर के नौकरी, पट्टीदारी के मुकदमा आ परिवार के जिम्मेदारी में अझुराइल हमदम शायरी त ना भुलइलन, बाकिर चकरघिन्नी बन के रह गइलन। शायर के नाम पर लोकल कवि-सम्मेलन आ मुशायरा में शुरुआत के तीन-चार गो लोग में एगो नाम उनुको रहे लागल। उहो एहसे कि उनुकर तरन्नुम बढ़िया रहे। ऊ कबो-कबो तहत में पढ़े के कोशिश करबो करस त हूटिंग होखे लागे। त दू-तीन गो शेर तहत में पढ़स आ तरन्नुम में शुरू हो जास। एह हूटिंग के डर से मुशायरा में नज्म कहे के उनुकर हसरत, हसरते रह गइल। नशिस्त भा कवि-गोष्ठियो में अगर ऊ नज्म पढ़े के कोशिश करस त इहँवो टोक दीहल जास, ‘‘ना, हमदम भाई, तरन्नुम में।’’ ऊ बेबस हो जास। बलुक कवि-सम्मेलनन के एगो संचालक त उनुका के लगभग हुकुम देवे कि ‘‘फलाँ गजल पढ़ीं।’’ हमदम रिरियइबो करस कि ‘‘एगो नया गजल कहले बानीं’’, बाकिर संचालक फुँफकारे, ‘‘ना, रउरा नया वाली रहे दीं। कवि-सम्मेलन अबहिए से ना उखाड़े के बा। जवन कहत बानीं, उहे पढ़ीं।’’ आ बेचारा ‘‘मतला अर्ज है’’ कह के उहे पुरान रिकार्ड बजा देस।
(लोहिया, गाँधी, आ रजनीश का बहाने मेहरारुवन आ सेक्स के चरचा करत नायक कब सिगरेट जइसन सुलगे लागल ई सब पढ़ला का बाद नायक के हमदम एगो नया किरदार बन के उभरल बाड़न एह उपन्यास में। त हमदम के चरचा अगिला कड़ी मे। – अनुवादक)
अपने-अपने युद्ध, दयानंद पांडेय, हिन्दी उपन्यास, भोजपुरी अनुवाद, मेहरार, सेक्स, सिगरेट के नशा, गाधी, लोहिया, रजनीश,

0 Comments