जनगणना 2027 : भोजपुरी भाषियन के का करे के चाहीं?
- टीम अंजोरिया

जनगणना 2027 : भोजपुरी भाषियन के का करे के चाहीं?

भारत में होखे जा रहल 2027 के जनगणना भोजपुरी भाषा आ भोजपुरी भाषियन खातिर एगो बड़ अवसर ले के आइल बा। ई अवसर खाली देश के आबादी गिने के नइखे, अपना भाषाई पहिचान के सरकारी अभिलेख में दर्ज करावे के अवसर बा। भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता, ओकर पढ़ाई-लिखाई के बेवस्था, ओकर साहित्य के विकास आ सरकारी कामकाज में ओकर इस्तेमाल खातिर बरिसन से माँग होत आइल बा। एह सगरी माँगन के एगो मजबूत आधार हो सकेला भोजपुरी बोले वाला लोग के सही सरकारी आँकड़ा। एहसे जनगणना 2027 में हर भोजपुरी भाषी के अपना भाषाई दायित्व के समझे के जरूरत बा।

मातृभाषा पूछला पर भोजपुरी बताईं

जनगणना में जब रउरा से राउर मातृभाषा पूछल जाव त, अगर राउर मातृभाषा भोजपुरी ह, बेझिझक ‘भोजपुरी’ बताईं। जनगणना करे वाला का कहला में पड़ला के जरुरत नइखे। बिना देखले जनगणना फार्म पर हस्ताक्षर मत करीं।

एह बात से कवनो फरक नइखे पड़त कि रउरा पढ़ाई हिन्दी में कइले बानी, अंग्रेजी में काम करेनी, हिन्दी में लेख लिखेनी भा दोसरा प्रदेश में रहत बानी। मातृभाषा आ शिक्षा के भाषा अलग-अलग हो सकेली सँ। मातृभाषा आ रोजी-रोटी के भाषो अलग-अलग हो सकेली सँ। भोजपुरी के मातृभाषा बतावल हिन्दी के विरोध कइल नइखे। ई अपना मातृभाषा के सही पहिचान दर्ज करावल ह।

पिछला जनगणना के आँकड़ा

2011 के जनगणना में 5,05,79,447 लोग आपन मातृभाषा भोजपुरी बतवले रहल। पाँच करोड़ से अधिका लोग के मातृभाषा होखला का बावजूद जनगणना के भाषाई वर्गीकरण में भोजपुरी के हिन्दी का अन्तर्गत राखल दिहल गइल। एह वर्गीकरण के बदलवावे के सवाल अलग बा। बाकिर भोजपुरी के नाम से दर्ज मातृभाषियन के संख्या बढ़े से भोजपुरी के स्वतंत्र भाषाई पहिचान आ संवैधानिक मान्यता के माँग के एगो मजबूत सांख्यिकीय आधार मिली। जवन भोजपुरी भाषी आपन मातृभाषा हिन्दी लिखा दी, ओकर गिनिती भोजपुरी के नाम से दर्ज ना होखी।

ऑनलाइन स्व-गणना के सुविधा के लाभ लीं

एह बेर के जनगणना में ऑनलाइन स्व-गणना (Self-Enumeration) के सुविधा उपलब्ध करावल गइल बा। आ एकर पूरा लाभ लिहला के जरुरत बा। ऑनलाइन स्व-गणना में हर नागरिक आपन आ अपना परिवार के जनगणना सम्बन्धी जानकारी खुदे दर्ज कर सकेलें। एहसे भोजपुरी भाषियन के अपना मातृभाषा के सही-सही दर्ज करावे में सहायता मिल सकेला।

जनगणना के आधिकारिक वेबसाइट :

censusindia.gov.in आ
censusindia.gov.in

ऑनलाइन स्व-गणना

उत्तर प्रदेश में ऑनलाइन स्व-गणना 16 नवम्बर, 2026 से शुरु हो चुकल बा आ 30 नवम्बर, 2026 तक खुलल रही। बिहार के ऑनलाइन स्व-गणना बाद में शुरु होखी। अबहीं अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव वाला राज्यन में ई काम चल रहल बा। पाँच बेकत के परिवार ला ई फार्म भरे में करीब 45 मिनट लाग सकेला। एहसे पुरा समय ले के अपना लैपटॉप भा डेस्कटॉप से ई जानकारी भरल सुविधाजनक रही। फार्म पूरा हो गइला का बाद रउरा एगो टोकन मिली जवन P से शुरु होखी। एह टोकन के सुरक्षित कर लीं काहे कि बाद में जब जनगणना कर्मी रउरा घरे अइहें त रउरा से एह टोकन के जानकारी लिहें आ तबहियें राउर काम पूरा होखी। जनगणना कर्मी के फार्म पर सुनिश्चित कर लीं कि मातृभाषा में भोजपुरी दर्ज भइल बा।जमा करे से पहिले परिवार के हर सदस्य के मातृभाषा वाला उत्तर जाँच लीं। स्व-गणना पूरा भइला पर मिलल पहचान संख्या सुरक्षित राखीं आ जनगणनाकर्मी के आवे पर उनका के दीं। अगर केहू कहे कि भोजपुरी हिन्दी के बोली ह आ एहसे हिन्दी लिखल जाई, त ओकरा से कहीं कि मातृभाषा का सवाल पर राउर बतावल उत्तर दर्ज होखे के चाहीं। मातृभाषा के बाद में कवन श्रेणी में राखल जाई, ई जनगणना विभाग के वर्गीकरण के विषय ह। परिवार के हर बेकत के मातृभाषा भोजपुरी लिखवावल सुनिश्चित कर लीं। घर के बुजुर्ग, मेहरारू, नवही आ लइकन के मातृभाषा सही-सही दर्ज करावल जरूरी बा। अगर कवनो लइका अंग्रेजी माध्यम के स्कूल में पढ़त बा, बाकिर ओकर मातृभाषा भोजपुरी ह, त ओकर मातृभाषा भोजपुरीए दर्ज होखे के चाहीं। एही तरह अगर परिवार के कवनो सदस्य के मातृभाषा दोसर भाषा होखे त उहे दर्ज होखे के चाहीं। भोजपुरी के संख्या बढ़ावे खातिर गलत जानकारी देबे के जरूरत नइखे। भोजपुरी के ताकत ओकर असली भाषियन के संख्या में बा।

भोजपुरी इलाका से बाहर रहे वाला भोजपुरिया लोग जागरूक रहे

दिल्ली, मुम्बई, कोलकाता, सूरत, पंजाब, हरियाणा, गुजरात, असम आ दक्षिण भारत के अनेक राज्यन में लाखन भोजपुरी भाषी रहत बाड़ें। अपना मूल निवास से दूर रहला से केहू के मातृभाषा नइखे बदल जात। एहसे देश के कवनो हिस्सा में रहे वाला भोजपुरी भाषी, जे जनगणना में शामिल होखे के पात्र बा, आपन मातृभाषा भोजपुरी दर्ज करावे। भोजपुरी के गिनिती खाली बिहार, उत्तर प्रदेश आ झारखण्ड तक सीमित नइखे।

भोजपुरी के सही आँकड़ा से लाभ

भोजपुरी भाषियन के सही संख्या सामने अइला से अनेक क्षेत्र में भोजपुरी के विकास के माँग के बल मिल सकेला।
– संविधान के आठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करे के माँग।
– प्राथमिक शिक्षा में भोजपुरी के इस्तेमाल।
– विद्यालय आ विश्वविद्यालय में भोजपुरी के पढ़ाई आ शोध।
– भोजपुरी अकादमियन आ साहित्यिक संस्थानन के स्थापना आ विस्तार।
– भोजपुरी किताब, पत्र-पत्रिका आ डिजिटल सामग्री के प्रकाशन में सहायता।
– आकाशवाणी आ दूरदर्शन पर भोजपुरी कार्यक्रमन के विस्तार।
– सरकारी सूचना, स्वास्थ्य सेवा आ जनकल्याणकारी योजना में भोजपुरी के इस्तेमाल।
– भोजपुरी में मोबाइल ऐप, कृत्रिम बुद्धिमत्ता, अनुवाद आ आवाज आधारित तकनीक के विकास।
– भोजपुरी सिनेमा आ सांस्कृतिक गतिविधियन के प्रोत्साहन।

ई सगरी सुविधा खाली जनगणना में संख्या दर्ज हो गइला से अपने-आप ना मिल जाई। बाकिर एह सुविधा खातिर माँग करे बेरा प्रमाणिक सरकारी आँकड़ा के महत्व से इनकार नइखे कइल जा सकत।

भोजपुरी संस्था आ साहित्यकारन के दायित्व

भोजपुरी के नाम पर देश भर में अनेके साहित्यिक, सामाजिक आ सांस्कृतिक संस्था सक्रिय बाड़ी सँ। भोजपुरी में पत्र-पत्रिका, वेबसाइट, यूट्यूब चैनल आ सोशल मीडिया समूह चलावल जात बा। एह सगरी संस्था आ माध्यमन खातिर ई एगो महत्वपूर्ण अवसर बा। कवि सम्मेलन, साहित्यिक गोष्ठी, सांस्कृतिक कार्यक्रम आ सम्मान समारोह का साथे जनगणना सम्बन्धी जागरूकता अभियान चलावल जाव। गाँव-गाँव, शहर-शहर, स्कूल-कॉलेज आ प्रवासी भोजपुरी भाषियन के बीच ई जानकारी चहुँपावल जाव कि मातृभाषा का सवाल के का महत्व बा। भोजपुरी के विकास खातिर काम करे वाली संस्थन के आपसी मतभेद से ऊपर उठ के एह काम में सहयोग करे के चाहीं।

भोजपुरी के पहिचान हिन्दी के विरोध ना होला

भोजपुरी के मातृभाषा दर्ज करावे के अभियान के हिन्दी विरोधी अभियान बनावे से बचे के चाहीं। एगो आदमी भोजपुरी भाषी होखला का साथे हिन्दी के विद्वान, अंग्रेजी के शिक्षक, संस्कृत के अध्येता भा दोसरा भाषा के साहित्यकार हो सकेला। अनेक भाषा के जानल आदमी के योग्यता ह। बाकिर अपना मातृभाषा के सही पहिचान बतावल ओकर अधिकार ह। हिन्दी के विकास खातिर भोजपुरी के पहिचान मिटावल जरूरी नइखे आ भोजपुरी के विकास खातिर हिन्दी के विरोध कइल जरूरी नइखे।

अवसर बेहाथ मत होखे दीं

जनगणना रोज-रोज ना होला। एक बेर दर्ज भइल आँकड़ा अगिला जनगणना तक अनेक सरकारी आ गैरसरकारी योजना, शोध आ नीति निर्माण के आधार बनल रहेला। भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता कब मिली, एकर फैसला राजनीतिक आ संवैधानिक प्रक्रिया से होखी। बाकिर भोजपुरी भाषियन के सही संख्या दर्ज करावे में खुद भोजपुरी भाषियन के भूमिका सबसे महत्वपूर्ण बा। भोजपुरी के मान्यता देबे के माँग करे वाला हर आदमी से अपेक्षा बा कि ऊ अपना मातृभाषा के नाम जनगणना में सही-सही दर्ज करावे आ दोसरो लोग के एह बारे में जागरूक करे। भोजपुरी खातिर ई एगो अइसन काम बा जवना खातिर ना कवनो धरना देबे के बा, ना जुलूस निकाले के बा, ना चन्दा देबे के बा। खाली अपना मातृभाषा का बारे में सच बतावे के बा। जनगणना 2027 में, अगर राउर मातृभाषा भोजपुरी ह त मातृभाषा का जगहा भोजपुरीए लिखाईं।

आपन भाषा, आपन पहिचान।
जनगणना में भोजपुरी के सही स्थान॥

0 Comments

Recent Posts