पहिले सराप, फेरु असिरबाद
- डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल
सोस्ती सिरी पत्री लिखी पटना से-67
आइल भोजपुरिया चिट्ठी

पहिले सराप, फेरु असिरबाद

आजु गोधन के कुटाई देखे खातिर काकी के दूनो नतिया पहिलहीं से तइयार रहले सँ। गोधन कुटात रहल आ काकी बीच-बीच में अपना नतियन के ओकरा बारे में बतावत रहली। जब कुल्हि लइकी-मेहरारू अपना-अपना भाई के सरापे लगली सँ त बड़का नतिया हँसे लागल। काकी मुँह पर अङुरी ध के ओकरा के चुप रहे के इशारा कइली। फेरु त भरि मन गारी दिहला आ सरपला का बाद बहिनी लोग रेङनी के काँट जीभि पर गड़ावे लागल, कान पकड़े लागल आ अपना आप के सरापे लागल। ई नया चीज देखिके छोटका नतिया हरान रहे। ओकर हाव-भाव देखिके काकी बूझि गइल रहली। ऊ कहली कि अतने ना, अब बहिनी लोग अपना भाई के असिरबाद दी, उनुकर मंगलकामना करी आ अपना भाई लोग के बजरी के बूँट अउर मिठाई खियाई।
अब काकी नतियन का सङे दुआर प आ गइल रही। संजोग से लभेरनो ओही घरी ओहिजा पहुँचले। बड़का नतिया अब जाके मुँह खोललसि-
“जब असिरबादे देबे के रहल ह त अतना सपरि के सरपला के का जरूरत रहल ह मइया?
काकी कहली- “ठीके कहतारऽ। बाकिर, कई बार सीधा काम के परभाव ओतना ना परे, एहसे हाथ घुमा के नाक पकड़े के परेला। एकरा पाछा लोक के गम्हिराह मनोविज्ञान बड़ुवे। बाहर से देखला पर जरूर लागता कि बहिनी भाई के गारी देतिया, सरापतिया, बाकिर लोक में ई गारी अशुभ ना, शुभ होले। गोधन कुटाई का बाद भइया दूज में ई तीनों क्रिया एही खातिर होला।
लोक में मान्यता बा कि सीधे आशीर्वाद दिहला पर नजर लागि जाला। जो बहिनी कही कि “भइया, तोहार उमिरि लंबा होखो, तूँ स्वस्थ रहऽ आ खूब धन कमा” तब ई बात यमराज सुनि लीहें आ ओकरा बाद सभ ओकरा उलुटे होई। एही से बहिनी लोग उलुटे बोलेली। एकर मतलब लोक में ई होला कि “ए बुराई, हम त अपने भाई के गारी देत बानी, तू एकरा के छोड़ि द। एकरा पर नजर मत लगाव।”
जइसे छोट बच्चन के करिया टीका लगावल जाला, माने खराब देखाके खराब नजर से बँचावल जाला, ओइसहीं एह सरपलो के मतलब उल्टा होला। हमनी किहाँ बियाहो शादी में मेहरारू हीक भरिके मेहमान लोग के गारी देली सँ, बाकिर लोग सुनिके मुसुकाला भा हँसेला, ओकर बुरा ना माने। होखे के त अतनो होला कि जो मेहमान लोग के गारी ना सुनावल जाला त ऊ लोग रूसि जाले, दुखा जाले। त ओहिजो गारी असिरबादे होले आ लोगन का खराब नजर से बँचावेले।
अतना पर लभेरनो समुझावे लगले।
“रेङनी का काँट से जीभि खोभल, कान पकड़ल, खुद के सरापल प्रायश्चित हटे आ हमनी का लोक के सबसे सुन्नर हिस्सा हटे। बहिनी नीमन से जानतिया कि भाई के गारी दीहल पाप हटे। एहसे ऊ अपना आप के सजा देत बिया। एकर मतलब ई भइल कि “भइया खातिर हम अपना जीभियो के दंड देत बानी। हमार गारी हमरे पर परो, भाई पर ना।” लोक में एकरा के त्याग कहल जाला। बहिनी कहतिया कि “अपना भाई का भलाई खातिर हम खुदे दुख सह लेबि, हम जवन पाप कइलीं ऊ पाप हमरे माथे।” एही से एह क्रिया के प्रायश्चित कहल जाला, ई कवनो हँसी-मजाक ना हटे।”
अब त जइसे काकी के बारी रहे। ऊ बोले शुरू कइली-
“जब गारी अउर प्रायश्चित से नजर उतरि जाले, तब जाके असिरबाद दिहल जाला।
बजरी का बूँट अउरी मिठाइयो के एगो खास मतलब होला। बूँट कठोर आ मजबूत होला अउर ओकरा से सभ अन्न का तुलना में बहुत अधिका बेंजन (व्यञ्जन) बनेला। त एकर मतलब ई भइल कि “भइया के जीवन बजरी नियन बरियार होखे आ उनुका जिनिगी में कवनो बेंजन खाए के कमी जनि होखो।”
मिठाई के मतलब होला कि “भइया का जिनिगी में मिठास बनल रहो।” गारी देके पहिले कड़ुवाहट आ बाद में मिठाई देके मिठास- ईहे त लोक के अद्भुत दर्शन हटे। एकर माने भइल कि जीवन में संघर्ष का बादे, माने दुख सहिए के सुख मिलेला। अब त तोहन लोग के बुझाइए गइल होई कि एह अवसर पर बहिनी लोग साँचो के सराप ना देली, बलुक अपना भइया के हर प्रकार का आफत से बँचावे खातिर आ उनुका जीवन में सुख आ समृद्धि ले आवे खातिर सरापेली।
कहल जाला कि आजु का दिने जमराज अपना बहिन जमुना से मिले आवेलन। एही से करिया टीका नियन ई नजरबट्टू ढेर प्रचलित भइल। बहिन जानेले कि भाई के सरापल पाप हटे। तबो ऊ भाई का रक्षा खातिर ऊ पाप अपना माथे ले लेले। फेरु त ओही पाप खातिर ऊ अपना जीभि में काँट गड़ावेले, कान पकड़ेले आ अपना आप के सरापेले। एकर माने ई भइल कि भाई के संकट हमरा ऊपर आ जाउ। सरपला का चलते ऊ अपना के दंड देले काँट गड़ाके। ई त प्रायश्चित से बढ़िके भाई खातिर प्यार भइल नू?
लोग ईहो मानेलन कि बहिनन का जीभ में सरस्वती बसेली, ओकर कहल साँच हो जाला। एही से ऊ लोग काँट गड़ाके जीभ के शुद्ध करेली, जवना से ओह जीभ से खाली असिरबादे निकलो।
आजु गोधन के कुटाई देखे खातिर काकी के दूनो नतिया पहिलहीं से तइयार रहले सँ। गोधन कुटात रहल आ काकी बीच-बीच में अपना नतियन के ओकरा बारे में बतावत रहली। जब कुल्हि लइकी-मेहरारू अपना-अपना भाई के सरापे लगली सँ त बड़का नतिया हँसे लागल। काकी मुँह पर अङुरी ध के ओकरा के चुप रहे के इशारा कइली। फेरु त भरि मन गारी दिहला आ सरपला का बाद बहिनी लोग रेङनी के काँट जीभि पर गड़ावे लागल, कान पकड़े लागल आ अपना आप के सरापे लागल। ई नया चीज देखिके छोटका नतिया हरान रहे। ओकर हाव-भाव देखिके काकी बूझि गइल रहली। ऊ कहली कि अतने ना, अब बहिनी लोग अपना भाई के असिरबाद दी, उनुकर मंगलकामना करी आ अपना भाई लोग के बजरी के बूँट अउर मिठाई खियाई।

0 Comments

Recent Posts