अपने-अपने युद्ध : छठवीं कड़ी
- टीम अंजोरिया

अपने-अपने युद्ध : छठवीं कड़ी

(दयानंद पांडेय के लिखल हिन्दी उपन्यास के भोजपुरी अनुवाद)

(जानत बानीं कि रउरा पिछला कड़ी पढ़ लिहले बानी तबहियों इयाद करावल जरुरी लागल कि नइखीं पढ़लें त शुरुआत ओहिजे से करीं – अनुवादक)


ओने ‘भेड़िया’ के मंचन खतम हो गइल रहे। जवन थोड़-मोर लोग नाटक देखे आइल रहे, लवटे लागल। पहिलका कहानी का मुकाबले ई ‘भेड़िया’ कहानी कहीं जादे बोझिल रहे आ प्रस्तुति ढीला। एहसे सब लोग अनमना रहे। संजयो देवेंद्र से ‘‘अच्छा, काल्हु इहँवे मिलब!’’ कह के चले लागल।
‘‘ठीक बा।’’ कह के देवेंद्र तनी मुसकइलन। ओकरा लागल जइसे ऊ देवेंद्र के कवनो उमेद पर पानी फेरत होखे। शायद ऊ उमेद करत रहलन कि संजय उनुका से इंटरव्यू खातिर कही। बाकिर ऊ ना कहलसि। कहबो काहे करीत? जबकि ओह दिना बेकारी भुगतत रहे आ कवनो अखबार में लिखतो ना रहे। एह बात के संजयो के बहुते अफसोस भइल। कि ऊ देवेंद्र के इंटरव्यू त नइखे लेत, उनुका नाटकन के समीक्षो आज ना लिखी।

आ उहे भइल जवना के ओकरा अन्देशा रहे। दोसरा दिन भोर में हेमा के चाचा विजय जवना अखबार में काम करत रहलन, ओह में समीक्षा छपले ना रहे। संजय जानत रहे कि इहे होई। काहे कि ओकरा ओहिजा के लोग के हद से बढ़ल छुद्रता के पता रहे। नाटक भा ओकरा महत्त्व से ओह लोग के कुछ लेबे-देबे के ना रहे। निशाना त इहे रहल होखी कि विजय के भतीजी के नाटक हवे, एहसे काटऽ। आ विजय अतना संकोची कि ना कुछ कर पवले होखिहें, ना कुछ कह पवले होखिहें। एगो अंगरेजी अखबार में खाली फोटो से काम चला दीहल गइल रहे। आ एगो हिन्दी अखबार में ‘‘समीक्षा’’ देख के ऊ माथा पीट लिहलसि। नाटक के समीक्षा त खैर गायबे रहे, रिपोर्ट का नामो पर ‘अतना मरल, अतना घायल’ वाला अंदाज। पहिलका पैरा में फलाँ के ओर से फलाँ नाटक भइल। दोसरा आ तिसरा पैरा में नाटक के कहानी ई बा। आ चउथा पैरा में फलाँ के काम बहुते बढ़िया रहे, फलाँ-फलाँ के खराब। ध्वनि आ प्रकाश उत्तम। निर्देशन कसल। समीक्षा खतम! ओह पर निर्देशक देवेंद्र के नामो गलत छपल रहे। पढ़ के ओकरा खीझो भइल आ लाजो आइल। एकरा सिवा ऊ करियो का सकत रहे। हँ, हमेशे का तरह सोच सकत रहे। आ ऊ सोचलसि कि ई गदहपचीसी समीक्षा ना छपल रहित त नीमन रहे। आ अखबार सिरहाना राख के ऊ चुपचाप आँखि मूँद के लेट गइल।

साँझ के ओकर मन भइल कि आज नाटक देखे ना जाए। बाकिर पंजाबी लेखिका अजीत कौर के आत्मकथा ‘खानाबदोश’ के मंचन रहे, एहसे जाए के लोभ ना छोड़ पावल। ‘खानाबदोश’ वइसहूँ ऊ पढ़ रखले रहे। ‘खानाबदोश’ से पहिले ऊ दू गो अउरी लेखिकन के आत्मकथा पढ़ले रहे। एगो अमृता प्रीतम के ‘रसीदी टिकट’ आ दोसरा कमला दास के ‘मेरी कहानी’। पहिला बेर जब ऊ ‘रसीदी टिकट’ पढ़लसि त ओकरा लाजवाब लागल। खास क के अमृता के ऊ साफगोई कि हमार बेटा पूछेलें—‘‘मम्मी, हम इमरोज पापा के बेटा हईं कि साहिर अंकल के?’’ अइसने अउरी कई प्रसंग ओकरा के कुलबुला दिहले रहलें। फेर जब कमला दास के ‘मेरी कहानी’ पढ़लसि त अमृता प्रीतम के बोल्डनेस फीका पड़ गइल। जे मेहरारू तमाम देह-संबंध का साथे अपना बेटा के दोस्त का साथे संबंध स्वीकार क सकेले, ऊ कतना ईमानदार होखी, तब ऊ सोचले रहे। बलुक कमला दास के ‘मेरी कहानी’ असल में उनुकर आत्मकथा ना, उनुकर सेक्स-कथन के पिटारा रहे। जबकि ‘रसीदी टिकट’ खाली संबंधन के खुलासा करे। प्याज के परत-दर-परत। बाकिर जब संजय ‘खानाबदोश’ पढ़लसि त ‘रसीदी टिकट’ आ ‘मेरी कहानी’ बहुते फीका लगली सँ। ‘खानाबदोश’ के बाते कुछ अउरी रहे। मरद के जुलुम से सताइल मेहरारू के अकेलापन आ प्रेमी (?) के लगातार देह-शोषण रेघरियावत कहानी। अकेलापन के संताप मेहरारू के कइसे तार-तार करेला, ई त सब जानेला, बाकिर अजीत कौर जब ओकरा के अपना ‘‘पन’’ से पेश करेली, एकदमे नंगा सच लेखा, त जानलेवा तनाव के एगो शमियाना तना जाला।

बाकिर अफसोस कि जवन हेमा काल्हु भुवनेश्वर के कहानी में पति, प्रेमी आ स्त्री के तनाव के बड़ी मन से जी के स्त्री-पुरुष संबंधन के बासीपन, टटकापन, देह के द्वंद्व आ मन के अन्तर्द्वंद्व जवना सहजता से परोसले रहली, आज उनुका में उहे सहजता गायब रहे। शायद एहूसे कि अजीत कौर के आत्मकथा में संवाद बड़-बड़ रहलें। बाकिर संजय के लागल, बात खाली संवादन के लमहर होखले के ना रहे। हेमा के वाचन में ऊ तरलतो ना रहे, जे ‘खानाबदोश’ के संवादन के चाहीं। उल्टे उनुका वाचन में एगो अजीब कसैलापन तिरत रहे। आ ऊ एक सर्रे में अइसन बोलले जात रहली जइसे संस्कृत के कवनो रूप रटत होखसु। ऊ तीख अनुभूति, संवेग, मन के उद्वेग आ आकुलता, जे अजीत कौर के संवादन में, आत्मकथा में मौजूद रहे, हेमा के अभिनय में उभरे का बदले दब जात रहे। संवादन में जवन मेह, मीठ मेह लेखा बरसे के चाहत रहे, हेमा के जबान पर आवते बादर लेखा गड़गड़ा के गुजर जाव। ऊ लय, ऊ सुर आ ऊ संताप छूट-छूट जाव। गहिरा ना पावे। ओह पर ओमा के किरदार निभावत वागीश के संवादन में ‘‘हैगा’’ जइसन कई शब्द आ पंजाबी शब्दन के बेहिसाब इस्तेमाल आत्मकथा में बतावल तनाव के उघारे का बदले एगो अजीब हँसी रच देत रहे। संजयो ‘खानाबदोश’ आत्मकथा पढ़ले रहे, हिन्दी में। ओह में तनाव, अकुलाहट आ बेधड़क सच का साथे प्यार के तपिशे महसूस कइल जा सके; अकेलापन के आग आ ओकर आँचे संजय के दहकत मिलल रहे। बाकिर इहाँ त लोग रह-रह के ओमा वाला चरित्र के संवाद सुन-सुन हँसत रहे। जबकि आत्मकथा में ओमा कहीं-कहीं स्वार्थ त गुनत रहे, बाकिर हँसी एकदमे ना बुनत रहे।

संजयो के एह प्रस्तुति से उमेद रहे आ शायद जरूरत से जादे, ओह पर पानी फिर गइल रहे। ऊ घरे से ईहो सोच के आइल रहे कि नाटक में ‘सखाराम बाइंडर’ भा ‘हयवदन’ जइसन कुछ बोल्ड दृश्यो देवेंद्र रचले होखिहें। जवना के पूरा-पूरा गुंजाइश रहे। रंडियन के कोठा, कैबरे—सब कुछ वाचने में गुजर गइल। ओमा आ अजीत कौर के कुछ भावुक पलो दृश्य बने का बदले कब सरसरात वाचन में गुजर गइलें, पते ना चलल।

बाकिर नाटक खतम भइल त लगभग सब के सब विभोर रहलें। ‘‘बहुत अच्छा’’, ‘‘बहुत बढ़िया’’ जइसन जुमला में लोग बतियावत रहे। ‘‘गजब क दिहनी रउरा।’’ एगो स्थानीय रंगकर्मी देवेंद्र से कहत भावुक होइले जात रहलन। उनुका भावुकता में अउरी कई लोग बह चुकल रहे। आ देवेंद्र निर्विकार मुसकइले जात रहलन।

जब सभका नाटक बढ़िया लागल त संजय के काहे ना जमल? ऊ अपनहीं से पूछलसि। फेर सोचलसि कि शायद एहसे कि ऊ ‘खानाबदोश’ पढ़ रखले रहे, एहसे ओह कथा आ एह प्रस्तुति के लय मिलावत रहल। इहे बात ऊ देवेंद्रो से कहलसि, ‘‘आत्मकथा वाली लय एह प्रस्तुति में ना आ पावल।’’ ऊ बुदबुदाइल, ‘‘शुरुए में कथा आ अभिनय के सुर बिगड़ गइल। रउरा ना लागल?’’
‘‘हो सकेला।’’ देवेंद्र पेशेवर अंदाज में कहलन, ‘‘हम देखनी ना। हम बाहर रहनीं।’’
‘‘हद बा।’’ ऊ कहे चहलसि, बाकिर संकोच का चलते कह ना पावल। बात बदल के कहलसि, ‘‘हमरा बुझाता, रउरा शायद पहिला बेर कवनो बायोग्राफी उठवले बानीं।’’
‘‘ऑटोबायोग्राफी!’’ देवेंद्र ओकर बात काटत कहलन। संजय के लागल जइसे देवेंद्र ‘‘ऑटोबायोग्राफी’’ ना कहले होखसु, ओकरा के सड़ाक से छड़ी मरले होखसु। बाकिर पुरान संबंधन के धेयान क के ऊ मन मसोस के रह गइल। फेर गलती त ओकरे रहल, ऑटोबायोग्राफी के बायोग्राफी कह गइल रहे। ऊ फेर बात सँभललसि, ‘‘हँ-हँ, ऑटोबायोग्राफी, बाकिर उठवले त पहिलके बेर बानीं!’’
‘‘हँ।’’ छोटहन जवाब दे के देवेंद्र चुप हो गइलन त ऊ फेर पूछलसि, ‘‘काल्हु का करत बानीं?’’ ऊ सोचत रहे कि घरे खाए ला बोलावे। बाकिर ऊ कहलन, ‘‘काल्हु त भोरहीं चल जाइब।’’
‘‘गोमती से?’’
‘‘ना, बाई रोड। शाहजहाँपुर। रात में ओहीजा से दिल्ली खातिर लखनऊ मेल पकड़ब।’’
‘‘राउर नया पता का बा?’’
‘‘अबहीं त स्कूले बा।’’
‘‘माने एन. एस. डी.।’’
‘‘हँ। बाकिर अगिला महीना से साल भर खातिर बेंगलूर।’’
‘‘ठीक बा, चिट्ठी लिखब।’’ हालाँकि ऊ देवेंद्र से अउरी बहुते बात करे चाहत रहे। बहुते इयाद ताजा करे चाहत रहे। बहुते लोग का बारे में जाने चाहत रहे। बाकिर ना जाने काहे ओकर मन उचट गइल। आ ‘‘ठीक बा, चिट्ठी लिखब’’ कह के चले त लागल, बाकिर देखलसि कि तब देवेंद्र के चेहरा पर जवन भाव उभरल, जवन लकीर खिंचाइल, ओकरा से लागल कि संजय के एह व्यवहार के उनुको उमेद ना रहे। फेर ऊ आँखिए-आँखि में जइसे उनुका के तसल्ली दिहलसि, गरदन आ मूड़ी हिलवलसि आ चल दिहलसि।

बाहर आ के ऊ स्कूटर के किक अइसन मरलसि जइसे देवेंद्र आ अपना परिचय, जान-पहचान के किक मारत होखे। आ जइसे अपनहीं से पूछे लागल, ‘‘आदमी अतना अनचिन्हार कइसे हो जाला? अतना संवेदनहीन काहे हो जाला?’’ हो जाला, होखहीं पड़ेला। ऊ अपना मन के समझवलसि।

लोग के संवेदनहीनता के एगो उदाहरण ऊ अबहीं बीच नाटको में देखलसि। हेमा एगो दृश्य में बार झटक के कुछ बोले ला जइसे मुड़ली कि उनुका बार में लागल एगो चिमटी छिटक के मंच से नीचे आ गिरल। जवना के उनुका भान तक ना भइल। बाकिर नीचे आगे वाली कतार में बइठल उनुकर बूढ़ दादी चिमटी गिरत आ बार खुलत देख लिहली। आ ओह मद्धिम अँजोरियो में उनुकर बूढ़ आँखि उठ के हेमा के चिमटी खोज लिहलसि। ऊ जा के धीरे से मंच का सोझा चिमटी लिहले खड़ा हो गइली। चिमटी लिहले खड़ा त हो गइली, बाकिर हेमा के डिस्टर्बो ना कइल चाहत रहली। संजय गौर कइलसि कि हेमा एक पल उनुका के कनखियन से देखली। बाकिर दुसरके पल अनदेखा क के अपना संवादन में, अभिनय में डूब गइली। एकदमे कवनो प्रोफेशनल लेखा। बाकिर बेचारी बूढ़ दादी माँ एकटक उनुका के निहारत चिमटी देबे खातिर असहाय खड़ा रहली। तबले पीछे से कुछ लोग कहलसि, ‘‘अरे, इनुका के हटावऽ।’’ केहू कहलसि, ‘‘शायद मेंटली डिस्टर्ब बाड़ी।’’ त केहू बात पूरा करत कहलसि, ‘‘अइसन लोग के इहाँ काहे ले आवेला लोग?’’ आ अइसने-वइसने कुछ अउरी जुमला लोग बोलत रहल। संजय का बायाँ बइठल एगो पत्रकारो बुदबुदाइल, ‘‘ई ह के?’’ त संजय फुसफुसात हड़कवलसि, ‘‘चुप बइठऽ, एह लड़की के दादी हईं।’’
‘‘कवना लड़की के?’’ ऊहो फुसफुसाइल।
‘‘जे मंच पर बाड़ी।’’
‘‘बाकिर ई त दिल्ली से आइल बाड़ी।’’
‘‘बाकिर मूल के हईं लखनऊ के।’’
‘‘अच्छा!’’ ऊ ढीला पड़ के अइसन बोलल जइसे ओकर जिज्ञासा शान्त हो गइल होखे। बाकिर दुसरके पल फेर फुसफुसाइल, ‘‘का मेंटली डिस्टर्ब बाड़ी?’’
‘‘ना।’’ संजय ओकरा के धौंसियवलसि, ‘‘भगवान खातिर अब चुप रहऽ।’’ आ ऊ चुप हो गइल रहे। एही बीच संजय का दहिना बइठल आदमी, जे एगो कथक नृत्यांगना का साथे आइल रहे, आगे बढ़ के हेमा के दादी के धीरे से उनुका जगहा ले आ के बइठा दिहलसि। लवट के बतवलसि कि ऊ हेमा के उनुकर गिरल चिमटी देबे चाहत रहली, जवना से ऊ खुलल बार बान्ह लेसु। बाकिर ओह दादी के पीड़ा, निश्छलता आ निजी लगाव पर लोग ‘‘क्रैक’’ के मुहर लगा दिहले रहे। त केहू करियो का सकत रहे?

लोग केहू के भावना काहे ना बुझेला? ऊ खिन्न हो के सोचलसि! का बुझी लोग! जब हेमा जइसन समर्थ अभिनेत्री अजीत कौर के चरित्र ना बुझ पावेली, ओह चरित्र के मर्म, ओकर दुख आ ओकर डंक ना बुझ पावेली, ओकरा अकेलापन के आह आ संताप अपना अभिनय में ना उकेर पावेली, आ देवेंद्र जइसन नामी-गिरामी सजग निर्देशक ओह आत्मकथा के मछरी लेखा छटपटात लेखिका के चरित्र बाजार में बिकात निश्चल, निर्जीव मछरी लेखा बना देलें, ओकर मन ना थाह पावेलें, ओमा जइसन चरित्र के हँसी-मजाक में ढकेल देलें, ओकर सूत्र ना पकड़ पावेलें, त बाकियन के का बिसात?

आ संजयो भला सभका के, सभका भावना के बुझ लेला? अगर बुझ लेइत त चेतना ओकरा से बेर-बेर काहे कहत रहिती, ‘‘रउरा हमरा के काहे ना बुझीं?’’

बेचारी चेतना!

(अमृता प्रीतम के ‘रसीदी टिकट’, कमला दास के ‘मेरी कहानी’ आ अजीत कौर के ‘खानाबदोश’ में देह-संबंधन के बोल्डनेस से भरल आ ओकर नाटकीकरण के कहानी कहत एह अंश में जब चेतना आ गइली त हमहूं चेतन भइली कि काहे ना एह कड़ी के एहिजे रोकल जाव आ आगे के कहानी अगिला कड़ी में ? पढ़निहारनो के त मौका मिले के चाहीं कि पढ़ला का बाद कुछ देर ले एह पर मंथन करे ला – अनुवादक)
————–
उपन्यास सूची

0 Comments

Recent Posts