अपने-अपने युद्ध : पँचवी कड़ी
- दयानंद पांडेय

अपने-अपने युद्ध : पँचवी कड़ी

(दयानंद पांडेय के हिन्दी उपन्यास के भोजपुरी अनुवाद)

(जानत बानीं कि रउरा पिछला कड़ी पढ़ लिहले बानी तबहियों इयाद करावल जरुरी लागल कि नइखीं पढ़लें त शुरुआत ओहिजे से करीं – अनुवादक)

हमदम का साथे एगो त्रासदी ईहो रहे कि कवि-सम्मेलन भा गोष्ठी में उर्दू शायर बता के उनुकर परिचय करावल जाव, जबकि नशिस्त भा मुशायरा में हिन्दू होखला का नाते ऊ हिन्दी वाला कहास। बाद में उर्दू वालन के एह तंगदिली से आजिज आ के बाकायदा ‘‘एगो हिन्दी गजल पेश बा’’ कहत-कहत ऊहो जब-तब सिगरेट सुलगावे लगलन। लोग हमदम में एगो फरक अउरी देखलसि। पहिले ऊ मौलाना लेखा माथा पर रोआँदार टोपी लगावत रहलन। अब माथा से टोपी उतर गइल रहे। आ जइसे ओकर भरपाई में ऊ टाई बान्हे लागल रहलन। टोपी से टाई! माने आकाश से गिर के खजूर पर। हालाँकि संजय उमिर में हमदम से बहुते छोट रहे आ यूनिवर्सिटी में पढ़त रहे। बाकिर जब हमदम सिगरेट सुलगावल शुरू कइलन, तबले संजय शराबियन के संगत में आ चुकल रहे।

बाकिर कबो-कभार। तब ई रहे कि शराब कबो-कभार रहे आ कविता नियमित। अब ई रहे कि शराब नियमित रहे आ कविता कबो-कभार! आ अइसन खाली संजये ना, ओकरा बहुते साथियन का साथे हो गइल रहे। बलुक कुछ के त ईहो हाल हो गइल रहे कि शराबे-शराब जिनिगी रहे, कविता त खंडहर रहे, अवशेष रहे, मन में कहीं कविता के खाली इयाद बचल रहे। जिनिगी के ई त्रासदियो संजय खातिर भयावह रहे। बहुते भयावह!

भयावहे बा दिल्ली के सड़कन से गुजरल। सड़क पार करत घरी डी. टी. सी. के बस से कचरात-कचरात बचल संजय। मौत से बच के ऊ सड़क पार करत-करत फेर एगो सिगरेट सुलगा लिहलसि। आ अपने सुलगत रहल।

ठीक एही तरह एक रात कवि-सम्मेलन का बाद जब वेद नाम के एगो कवि संजय से कहलन, ‘‘काहे शराब में अपना भीतर के कवि के मारत बाड़ऽ?’’ त सुलगत संजय उनुका पर बरस पड़ल रहे, ‘‘हमरा कवि के शराब ना, तोहरा जइसन भड़ुआ आ गलेबाज मारत बाड़ें। जे साला कविता के नाम पर खाली चुटकुलाबाजी, भँड़ैती आ बचल-खुचल गलेबाजी करत बाड़ें। आ उहे चार ठो चुटकुला, चार ठो गोइयाँ, सइयाँ आ गोरी, गाँव वाला गीत ले के पूरा देश घूम लेत बाड़ें।’’ कुछ लोग कवनो तरह संजय के चुप करवलसि। आ ऊ बेचारा वेद, ‘मैंने मां को देखा है, मां का प्यार नहीं देखा’ जइसन गीत फाटल गला से गावे वाला, माथा पर गोड़ धइले ना जाने कहाँ भाग गइल।

भोर में जब संजय सूत के उठल त कवियन में अजीब कोहराम मचल रहे। पता चलल कि आयोजक-संयोजक कवियन के बिना ‘पत्रम्-पुष्पम्’ दिहले फरार हो गइल बाड़ें आ एगो कवि, जे नौओ रस के कविता पढ़े में ‘‘सिद्ध’’ रहलन, अपना समूचा रौद्र रूप में मौजूद रहलन। साँप लेखा फुँफकारत रहलन, ‘‘त निकालऽ स्कूल के मेज-कुरसी। इहे बेच के हम कवि लोग आपन पइसा वसूल करब। बाकिर बिना पइसा लिहले एकदमे ना जाइब।’’ एगो वीर रस के कवि त अबहिए से रोवे लागल रहलन, ‘‘हमरा के त खाली राह-खरचा पर बोलावल गइल रहे। आ लवटहूँ भर के पइसा नइखे।’’

कवि-सम्मेलनन में ई आ अइसने तमाम नौटंकी से संजय आजिज आ गइल रहे। ऊ उठल, नहा-धो लिहलसि। आ बस अड्डा चल दिहलसि। एगो कवि के जिम्मा दे दिहलसि कि ‘‘पइसा मिले त हमरो वसूल क लिहऽ।’’ फेर संजय कवि-सम्मेलनन में गइला पर लगभग रोक लगा दिहलसि। वइसहूँ कवि-सम्मेलनन में ओकरा जइसन कवियन के जरूरत ना पड़े। जगहा भरे वाला लेखा कब खड़ा भइल, कब बइठ गइल, कवनो ओर से एकाध ‘‘वाह’’ भा मंचे से ‘‘बहुत अच्छा’’, ‘‘सुंदर’’ भा ‘‘क्या बात कही है’’ जइसन इक्का-दुक्का दाद कबो-कबो मिल जाव त पता चले कि केहू त कविता सुनत बा, भा सुने के अभिनय सही, कइले त बा। ना त आम तौर पर होखे इहे कि जब संचालक गलती से नई कविता वाला कवनो कवि के माइक पर बोला लेव त मंच पर बइठल कवि बड़ी चुप्पी से चाय पिए में तल्लीन हो जास आ ‘‘होशियार’’ श्रोता पेशाब करे निकल जास। ओने आयोजक फुसफुसास, ‘‘केकरा के बोला लिहनी?’’ बाकिर अधिकतर चालू संचालक एह नई कविता वाला कवियन के साहित्यिक पत्रिकन में छपे वाला जइसन वगैरह-वगैरह जुमला में बान्ह के पेश करस त श्रद्धा का चलते लोग झेल लेव। कवनो तरह।

घरे आ के संजय सुलगत सिगरेट अइसन झड़लसि जइसे ऊ सिगरेट के राख ना, कविता के आग झाड़त होखे, जे करेजा में कील बन के मन में कहीं दफन बा। कमरा में पहुँच के पहिले ऊ झोरा खूँटी से टँगलसि, चद्दर झड़लसि, झाड़ के बिछवलसि आ गुटुर-मुटुर गठरी लेखा चद्दर ओढ़ के लेट गइल। ऊ थाक गइल रहे। बाकिर एह थाकलो में सोचत रहे—‘‘गांधी, लोहिया आ रजनीश।’’ सोचत रहे कि बुद्ध, महावीर आ मीरा, तीनो का बीच जे एगो करुणा भरल छुअन रहे, का उहे छुअन गांधी, लोहिया आ रजनीश में बा? फेर अपनहीं के जवाब दिहलसि, छुअन त बा, बाकिर करुणा के ना, चेतना के छुअन। तीनो चेतना से लैस बाड़ें। एक राजनीतिक चेतना के नायक, दोसर जनचेतना के नायक आ तिसरका मन के चेतना के नायक! संजय के सूत्र मिल गइल रहे आ स्थापनो। बस बाकी रह गइल रहे त खाली लिखल।

बाकिर ऊ एन. एस. डी. वाली रिपोर्ट के का करे? ऊ सोचलसि, निदेशक त आज मिल गइल रहलन, बाकिर आत्महत्या वाला मामला पर भावुक अभिनय करे का सिवा कुछ खास बता ना पवलन। ना ऊ पूछ पावल। निदेशक के भावुकता का सोझा ऊ अपनहूँ भावुक हो गइल। बाकिर अइसन भावुक हो के रिपोर्टिंग त ना होखे!

दोसरा दिन ऊ फोन पर लगातार जूझत रहल। एन. एस. डी. के ट्रस्टी आ चेयरमैन डॉ. सिंधवी से मिले खातिर, जे ओह दिना सुप्रीम कोर्ट के मशहूर वकील रहलन। तीन-चार फोन का बाद बड़ी मुश्किल से ऊ फोन पर अइलन आ ओकरो से जादे मुश्किल से तीन दिन बाद खाली पाँच से सात मिनट के समय देबे पर राजी भइलन।

अतना दिक्कत त आजले संजय के कवनो मंत्रियो से मिले में ना भइल रहे। भला भइल कि ऊ आत्महत्या वाला मुद्दा के चरचा ना कइलसि, ना त तय रहे कि ऊ समय देबे खातिर राजी ना होखितन। तीन दिन बाद तय समय से दसे मिनट पहिले जब संजय डॉ. सिंधवी के साउथ एक्सटेंशन वाला मकान पर पहुँचल त देखलसि, कुछ जूनियर वकील आ कुछ मुवक्किल पहिलहीं से बइठल बाड़ें। ऊ डॉ. सिंधवी के पी. ए. के बता दिहलसि कि आ गइल बा। फेर जब सिंधवी से बतिया के बाहर आइल त पवलसि कि पाँच-सात मिनट का जगहा ऊ डॉ. सिंधवी के पूरा-पूरा पैंतालीस मिनट खा गइल बा।

डॉ. सिंधवी पेशेवर वकील ठहरलन। आ संजय पेशेवर पत्रकार। पाँच मिनट के तय मुलाकात के ऊ पैंतालीस मिनट में बदल त लिहलसि। बाकिर बहुते घेरलहूँ पर सिंधवी ठीक से ना खुललन। एकाध बेर खुलत-खुलत रह गइलन। आयँ-बायँ-सायँ, सिंधवी के ई पूरा बातचीत ‘देखब, सोचब’ जइसन टरकावे वाला जवाब से भरल रहल। ‘‘काम’’ के बात खाली एगो लाइन के रहे कि ‘‘आत्महत्या के देखत जाँच बइठाइब।’’ एकदमे सरकारी किसिम के जवाब। जे संजय के कवनो काम के ना रहे। शुरू में त चेयरमैन साहब एह बाते से अनजान होखे के जतवलन कि एन. एस. डी. में छात्र आत्महत्या करत बाड़ें। बहुते कुरेदला पर ऊ ‘‘पता करब’’ पर अइलन आ फेर ‘‘जरूरत पड़ल त जाँच बइठाइब’’ वाला जवाब पर आ गइलन।

इहे हाल भारत सरकार के सांस्कृतिक कार्य विभाग के संयुक्त सचिव कपिला वात्स्यायनो के रहल। संजय बोर हो गइल। ओह पर सुप्रीम कोर्ट के वकील साहब संपादक के फोन क के शिकायतो क दिहलन कि ‘‘राउर रिपोर्टर आ के पाँच मिनट का बदले हमार पैंतालीस मिनट खा गइल। कहीं त बिल भेज दीं। पचीस हजार के?’’ संपादक जब ठंढा आ कड़ा आवाज में संजय के ई शिकायत सुनवलन त ऊ अउरी कुढ़ गइल। फेर ऊ एक सर्रे में एगो रिपोर्ट लिख दिहलसि। जवना के सार ई रहे कि एन. एस. डी. में छात्रन के आत्महत्या के मुख्य कारण ओहिजा पढ़ावे वाला अध्यापकन के आपसी राजनीति रहल। जवना में सब के सब निदेशक के कुरसी पर बइठे का जुगाड़ में सनकल रहलन। दोसरे, निदेशक के कमजोर पकड़, हास्टल के एक-एक कमरा में कई-कई छात्रन के एक साथे रहल, लड़की—अइसन अउरी कई गो रोजमर्रा के बातन के चरचा त रहबे कइल। छात्रन, निदेशक आ चेयरमैन से बातचीत, एन. एस. डी. के इतिहास, ओहिजा के मौजूदा माहौल वगैरह पर तीन-चार गो बॉक्स आइटमो संजय एक सर्रे में लिख के संपादक के थमा दिहलसि। रिपोर्ट में अल्काजी के निदेशक रहत घरी एन. एस. डी. के सुनहरा दौर, कारंत के कार्यकाल में एन. एस. डी. के बिखरे के कथा आ अब एन. एस. डी. के अइसन-तइसन होखे के कथा, आगे बेकारी के डर वगैरहो संजय विस्तार से लिखलसि। आ ईहो रेघरियवलसि कि रंगकर्म पढ़े वाला छात्र अतना तनाव में काहे जीएलें?

संपादक सगरी सामग्री पढ़लन। आ कहलन, ‘‘स्टोरी त बहुते बढ़िया बा, बाकिर एकरा के छापब कहाँ? अतना जगहा कहाँ बा? तनी का, चौथाई भर छोट क दऽ।’’ सुन के संजय के दिमाग खराब हो गइल। ऊ सहायक संपादक से कहियो दिहलसि कि ‘‘नॉर्थ एवेन्यू, साउथ एवेन्यू, सेंट्रल हॉल, तुगलक रोड, पंडारा, पटेल, जनपथ वगैरह मार्ग से रत्ती भर ले आइल सच में कुंतल भर गप्प मिला के लिखल रिपोर्टे रउरा लोग के काहे भावेली सँ? हमरा आजले समझ में ना आइल।’’ आ ऊ गोड़ पटकत चौधरी चरण सिंह के इंटरव्यू लेबे तुगलक रोड चल दिहलसि। चौधरी का लगे गइल त तय समय का बावजूद ओकरा के बाहरे बइठा दीहल गइल। थोड़ी देर ऊबला का बाद ऊ टहले लागल। चलत-चलत चौधरी के कमरा का ओर बढ़ल त देखलसि, चौधरी कुरसी पर बइठल बाड़ें। आ नीचे एक ओर मुलायम त दोसरा ओर मालवीय बइठल बाड़ें। त ओकर दिमाग अउरी खराब भइल।

दिमाग अउरी खराब होखित, एकरा पहिलहीं ओकरा के बोला लिहल गइल। ऊ इंटरव्यू लेते रहे कि चौधरी के चुनाव क्षेत्र बागपत से कुछ लोग आ गइल। चौधरी ओह सभका ओर मुखातिब हो गइलन। ओह लोग के सवाल अजीब-अजीब रहे आ माँगो अजीब। बाकिर सब पर चमचई के चासनी लपटाइल। अतना कि संजय के ओकाई आवे लागल। एही बीच एगो आदमी उठ के खड़ा हो गइल। कहलसि, ‘‘चौधरी, हमरा के कुछ ना, तू बस एगो टेलीफोन दे दऽ। बस!’’
‘‘तू टेलीफोन के का करबऽ?’’ चौधरी मुसका के पूछलन।
‘‘बड़ काम के चीज हवे जी।’’ ऊ ठसका का साथे कहलसि, ‘‘पिछला बेर जब हम आइल रहनीं त देखनी कि तोहरा के जवनो काम पड़ल, टेलीफोन उठवलऽ, कहलऽ आ काम हो गइल। त हमरो टेलीफोन चाहीं-चाहीं। हमहूँ टेलीफोन उठाइब, कह देब, खेत के पानी दऽ, खेत के खाद दऽ, ऊख के पर्ची दऽ। सगरी काम बइठल-बइठल!’’
सुनते सब के सब ओकरा भोलापन पर हँस पड़ल। साफ रहे कि ऊ सहज भाव से बोलत रहल, व्यंग्य में ना।

संजय चौधरी के इंटरव्यू का साथे एह घटना के एगो बॉक्स आइटम बना के खोंस दिहलसि। एगो बॉक्स आइटम ऊ अउरी लिखलसि, चौधरी के अक्खड़ई, जिद आ मौकापरस्ती पर। जवना के संपादक देखते खारिज क दिहलन। आ कहलन, ‘‘जानेलऽ, ऊ प्रधानमंत्री रह चुकल बाड़ें। एकरा से उनुकर छवि खराब होई।’’ संजय विरोधो कइलसि, ‘‘बाकिर हवे त सच। आ पाठकन के अपना नेता का बारे में जाने के हक बा।’’ ऊ सकुचात जोड़लसि, ‘‘आ पीसो बढ़िया बनल बा।’’
‘‘बढ़िया त बा। कवर स्टोरी लायक बा। बाकिर बा टोटल डिफेमेटरी। हम ना छाप सकीं।’’
बेचारी हिन्दी पत्रकारिता! हुँह!

कबो-कबो ओकरा एह पत्रकारिता पर लाज आवे आ सोचे कि ऊ पत्रकारिता करेला काहे? अबहिए इहे आइटम अगर कहीं ‘टाइम’, ‘न्यूजवीक’ भा देशे के कवनो अंगरेजी अखबार-पत्रिका में छपल रहित त कवनो मानहानि ना होखित आ हिन्दी अखबार-पत्रिका में पचा लिहल जाइत। अंगरेजी अखबारन के जूठन पर पलत हिन्दी पत्रकारिता के ई दुर्गति ओकरा के बहुते आहत करे। बाकिर ओकरा सोझा खीझे का सिवा कवनो उपाय ना रहे। काहे कि हिन्दी पत्रकारिता के सगरी घाघ आ महारथी अंगरेजी के कचरा चटले बिना हिन्दी पत्रकारिता के भविष्य अन्हार पावत रहलन। एहसे अंगरेजी से हिन्दी अनुवाद। इहे रहल, इहे बा आ शायद इहे रही हिन्दी पत्रकारिता।

देश के सीमा का बाहर से आवे वाली खबरन के अनुवाद त एक बेर समझ में आवेला। बाकिर देशे में घटत घटनन खातिरो अंगरेजी से अनुवाद पर लाज आवे। चलीं, अगर किस्सा दक्खिन भारत, आसाम वगैरह के बा त एक बेर दिल कड़ा क के अंगरेजी के थूक घोंट लिहल जाव, बाकिर ठीक दिल्लीओ में जब सीमापुरी के कवनो झुग्गी बस्ती में आग लागे त ओकरो रिपोर्ट पहिले अंगरेजी में लिखवा के हिन्दी में अनुवाद करवावे के हिन्दी संपादकन के शेखी पर ऊ सनक उठे। का हिन्दी रिपोर्टर अतना घटिया बाड़ें? आ इहे काम जब एगो लोहियावादी संपादक के करत संजय देखलसि, जे देश भर में हिन्दी के हक के लड़ाई के अगुआ बनल फिरत रहलन, त बउरा गइल। बाकिर ओकरा हाथ में कुछ ना रहे। मन करे कि अइसन ढोंगी संपादकन आ पत्रकारन के गोली मार दे। आ तब त हदे हो जाव जब देखे कि हिन्दी फिलिमनो पर लिखे खातिर अपना हिन्दी पत्रकारन के अंगरेजी कतरनन के जूठन चाहहीं-चाहीं। बिना अंगरेजी कतरन के भाई लोग हिन्दी फिलिमन का बारे में लिखियो ना पावे। उत्तर प्रदेश, बिहार आ मध्य प्रदेश के घटननो पर अंगरेजी के उलथल जब हिन्दी अखबारन के संपादकीय पन्नन पर छपल पावे त लाज के सीमा टूट जाव। दिन भर ऊ ओह अखबार के संपादक के अइसन-तइसन करत घूमे। बाकिर होखे के का रहे? लोग उल्टे ओकरे के क्रैक बता दे। हिन्दी पत्रकारिता के समूचा दुनिया जब अंगरेजी अनुवादे पर टिकल रहे त केहू करियो का सकत रहे?

अइसना में ऊ पराड़कर जइसन लोग के सबसे बड़ दोषी पावे। जे लोग खुशी-खुशी हिन्दी पत्रकारिता के पितामह बन के मर गइल, बाकिर हिन्दी पत्रकारिता के कुपोषण, दरिद्रता आ हीनता के गलियारा में बेमौत मरे खातिर बिना रीढ़ के छोड़ गइल। रीढ़ नइखे त भला हिन्दी पत्रकारिता खड़ा कइसे होखे? रेंगत, अभिशप्त अश्वत्थामा जइसन जिनिगी जियत हिन्दी पत्रकारिता के लाचारी ऊ दिल्लीए आ के ठीक से जान पावल। पत्रकारिता के नाम पर एक ओर दलाली करे वाला रिपोर्टरन के फौज रहे त दोसरा ओर अंगरेजी से हिन्दी में उड़ावे वाला डेस्क वालन के फौज। दुनु फौज तलवा चाटे में माहिर! तिसरा ओर नेता, उद्योगपति आ दूतावास के एक साथे साधे आ सहलावे वाला संपादकन के टुकड़ी। संजय एह में कहीं अपना के फिट ना पावे। संजय जइसन मुट्ठी भर कुछ अउरी पत्रकार रहलन। बाकिर सब लाचार, नौकरी के मजबूरी में समाइल। ओह लोग के हालत तनी-सा रोटी के लालच में चूहेदानी में कैद ओह चूहा जइसन रहे कि भीतर कैद आ चूहेदानी से बाहर निकलते कुकुर-बिलार के निवाला बन जाए के डर। एहसे सब चुपे रहस। बाकिर संजय अगिआत रहे, बकबकात रहे।

एक बेर ओकरा बकबकइला के ले के कॉफी हाउस में जइसे बहस शुरू हो गइल। अपना के वरिष्ठ मनवावे वाला एगो पत्रकार कहलन, ‘‘असंतुष्ट बा।’’ एह पर संजय विरोध के अंदाज में कहलसि, ‘‘का?’’ त ऊ फेर ओइसहीं तौल-तौल के कहलन, ‘‘ना। नाराज होखे के जरूरत नइखे। असंतुष्ट होखल प्रगति के निशानी हवे।’’ ऊ जइसे ओकरा के सन्तुष्ट करे के कोशिश कइलन, ‘‘रउरा अगर अपना मौजूदा हालत से असंतुष्ट बानीं त एकर मतलब एकदमे साफ बा कि रउरा आगे अउरी बेहतरी चाहत बानीं, तरक्की चाहत बानीं।’’
‘‘बाकिर हम देखत बानीं कि अगर ई एही तरह प्रगति का राहे चलत रहल त हमरा डर बा कि ई योगेश के कॉपीराइट छीन ली।’’ एगो पी. आर. ओ., जे कबो-कबो कहानी लिख के कहानीकार होखे के दम भरत रहे, बीच में मजा लेत बोलल त ऊ वरिष्ठ कम, गरिष्ठ अधिका पत्रकार बड़ी सँभल के पूछलन, ‘‘योगेश के कॉपीराइट? मीन्स?’’
‘‘परेशानी!’’ पी. आर. ओ. उछल के कहलसि, ‘‘अबले त परेशानी के कॉपीराइट हमनी योगेशे के दे रखले बानीं जा। अब संजय उनुका से छीन लेव त बात दोसर बा।’’

ई बात सुन के संजय डेरा गइल। ऊ योगेश के जिनिगी ना जीए चाहत रहे। दुबर-पातर देह, साँवर चेहरा पर चेचक के दाग लिहले योगेश अपने त कहानीकार रहलन, बाकिर अपना लइकन के ठीक से पढ़ा ना पवलन। उनुकर दू गो बेटा कंपोजिटर हो गइल रहलें। आ जवान बेटी बियाह के इन्तजार में एगो प्राइवेट फर्म में दिहाड़ी पर टाइपिस्ट। योगेश अपने प्रकाशकन का लगे चक्कर काट-काट के कबो प्रूफ त कबो कॉपी एडिटिंग के काम जुगाड़त रहस। आ जब-तब का, अक्सरे बात-बेबात झगड़ पड़स! उनुका के देखते लागे कि ऊ आदमी ना, परेशानी के ढाँचा हउवें। उनुका घर के हालत अइसन रहे कि जा के अपराध-बोध होखे। बाकिर योगेश के स्वभाव में अक्खड़ई, स्वाभिमान आ उल्टा परिस्थिति का बावजूद हरदम लड़त रहे, कबो ना झुके के आदत कूट-कूट के भरल रहे। घर में लमहर बेमारी भुगतत पत्नी के दवाई खातिर ऊ रात-दिन जागत प्रूफ पढ़त रहस। बाकिर अइसन कबो ना भइल कि ऊ केहू से एको पइसा उधार मँगले होखसु। पइसा ना रहे त दवाई ना ले आवस। हफ्ता-दस दिन बिना दवाई के गुजर जाव। बाकिर ऊ केहू का सोझा आपन मजबूरी, आपन लाचारी ना कहस। ऊ त व्यवस्था, तंत्र आ लोग के मोनोपोली, टुच्चई आ नपुंसकता से परेशान रहस। लोग के तलवा चाटे के कला से परेशान रहस। पल में कुछ, पल में कुछ अउरी हो जाए वाला मौकापरस्तन से परेशान रहस। ऊ बेवजहो परेशान रहस। बात-बेबात परेशान हो जास। काहे कि ऊ सचहूँ परेशान रहलन। कॉफी हाउस में एहीसे ‘‘परेशानी’’ के कॉपीराइट योगेश का लगे सुरक्षित क दीहल गइल रहे। हालाँकि ओहिजा आवे वाला कवन साला परेशान ना रहे।

बाकिर सब साला आपन परेशानी गाँड़ में घुसा के चेहरा पर मस्ती टाँक लेस, जबान में चासनी घोर लेस। सभका में आ योगेश में फरक ई रहे कि योगेश परेशानी के गाँड़ में घुसावे का बदले चेहरा आ जबान पर टाँक के घूमत रहस। संजय ओह दिन पक्का तौर पर सोच लिहलसि कि काल्हु से का, अब से आ अबहिए से ऊहो आपन परेशानी, आपन जद्दोजहद आ सगरी दिक्कत बाकी बुद्धिजीवियन लेखा गाँड़ में घुसेड़ के घूमी। योगेश के जिनिगी ऊ ना जीई। ना जी सके योगेश के जिनिगी। ओकरा में ना अतना धीरज बा, ना हिम्मत, ना व्यवस्था बदले के हिमाकत। एहूसे कि ऊ परेशानी के कॉपीराइट ले के जीए खातिर पैदा नइखे भइल। ई सब कुछ जइसे ना लउके वाली सिनेमा रील लेखा एके झटका में संजय के दिमाग में घूम गइल रहे। ऊ सोचलसि, उफ् दिल्ली! आ दिल्ली के डंक!

(साँच कहीं त कवि-सम्मेललन से लिहले पत्रकारिता तक के छीछालेदर साझा करत एह अंश के पढ़त परपीड़ा वाला आनन्द मिलल। हमरा शिकायत रहेला भोजपुरी के संस्था-सम्मेललन आ लिखनिहारन से कि ऊ हिन्दी के छाँह बिना कुछ करिए ना पावस। ‘उपर चढ़ के देखा त घर-घर एके लेखा वाला’ – अंदाज में हिन्दीओ के हालत कवनो खास बढ़िया ना लउकल। आ जब बात गाँड़ ले आ गइल त सोचनी कि एह कड़ी के एहिजे रोकल जा सकेला। काहे कि भोजपुरी में अश्लीलता का विरोध का नाम पर आपन परचम लचरावे वालन के कुछ समय मिले के चाहीं हमरा के गरियावे के। बाकिर हो सकेला कि चूंकि ई मूल रूप से हिन्दी उपन्यास हवे से रुक जाई लोग। आगे के कहानी अगिला कड़ी में – अनुवादक)
————–
उपन्यास सूची

0 Comments

Recent Posts