‘कर्जा माटी के’ फिलिम के शूटिंग पूरा भइल

अंजली फिल्मस् इंटरटेनमेंट प्रस्तुति आ मुस्कान क्रिएशन का बैनर में बनल ‘कर्जा माटी के’ फिल्म के शूटिंग पिछला दिने सूर्वे फार्म हाउस, पनवेल में पूरा कर लिहल गइल. अब एकरा कूछ गाना के फिल्मावल बाकी रहि गइल बा.

निर्माता आर. बी शर्मा आ शबनम शेख के बनावल एह फिल्म के निर्देशक हउवें सुपरहिट निर्देशक जगदीश शर्मा हैं। निर्देशक जगदीश शर्मा आ विराज भट्ट एह फिलिम में पहिला बेर एक साथे जुटल बाड़े. फिल्म के कलाकारन में एक्शन स्टार विराज भट्ट, काव्या, संजय पाण्डेय, पुष्पा वर्मा, देव सिंह, संजय वर्मा, दीपक भाटिया, ज्योति जाटव, किरण तिवारी, ब्रजेश त्रिपाठी अउर सीमा सिंह शामिल बाड़ी. कथा-पटकथा ललित राज सैनी, संवाद ललित शुक्ला, छायांकन महेन्द्र बोरिचा, गीतकार-संगीतकार अशोक कु. दीप, नृत्य रिक्की गुप्ता, एक्शन शकील शेख के बा, फिल्म के एक्शन दृश्यन के अबहिए से बहुते चरचा होखत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।