विराज भट्ट क हिट परेड
-

सिनेमा भोजपुरी के एक्शनस्टार विराज भटट के हिट परेड बॉक्स ऑफिस पर लगातार जारी बा. उनुकर हर फिलिमवे सफलता के परचम लहरा देत बिया. ‘दामिनी‘, ‘दाग’, ‘दिलजले’, दुश्मनी, बारूद, जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल विराज भट्ट के एह साल डॉ सुनील कुमार निर्मित ‘‘दुर्गा’’ हिट रहल आ हालही में रिलीज फिलिम ‘जान तेरे नाम’’ शानदार ओपनिंग ले के बिहार में धूम मचवले बिया.

रामाकांत प्रसाद के बनावल ‘जान तेरे नाम’ में विराज के नायिका बाड़ी प्रिया शर्मा. विराज के आवे वाली फिलिमन में ‘खुददार’, रामाकांत प्रसाद क ‘‘जानवर’’, फहीम खान क ‘दिल त पागल होला’, आ भाई जी रिलीज होखे वालि बा. आजु काल्हु विराज भट्ट बाली निर्देशित मर्द तांगे वाला के शूटिंग में व्यस्त बाड़न.

गौरतलब बा कि विराज भट्ट के भोजपुरी परदा पर हिट पर हिट फिलिम देबे खातिर जानल जाए लागल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts