4 मई से बिहार में ‘डकैत’ के राज चली
-

4 मई से बिहार में ‘डकैत’ के राज चले वाला बा. मिथिला टॉकिज के बैनर तले बनल निर्माता मनोज चौधरी के फिल्म ‘डकैत’ ओह दिन बिहार के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली बा.

डकैत के मुख्य कलाकारन में सुपरस्टार पवन सिंह ‘डकैत’ का साथे मोनालिसा, चांदनी चोपड़ा आ प्रतिभा पाण्डेय, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, मनीष चतुर्वेदी, आनंद मोहन, आफरीन खान, विजया, संजय वर्मा आ अनिल यादव के बड़की भूमिका बा.

ढेर दिन से एह फिल्म के इन्तजार होखत रहे आ जेही एकर फर्स्ट लुक देखले बा ओकर इहे कहना बा कि मिथिला टॉकिज के ‘डकैत’ दर्शकन पर राज करी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts