कश्मीर का वादियन में "करेंट मारे गोरिया"

भोजपुरी फिल्म के शूटिंग के बात आवेला त निर्माता निर्देशक उत्तर प्रदेश – बिहार ना त फेर मुंबई में लोकेशन तलाशेलें. बाकिर एगो भोजपुरी फिल्म अइसनो बा जवना के अधिकतर शूटिंग जम्मू – कश्मीर में कइल जाई.

मारुती क्रियेशन के बैनर तले निर्माता रमन पंचौरी व आभा सिंह आ निर्देशक टी .बौबी सिंह के फिल्म “करेंट मारे गोरिया” के शूटिंग जम्मू कश्मीर में कइल जाई. निर्माता रमन पंचौरी कहले कि “करेंट मारे गोरिया” के आधा शूटिंग मुंबई में कर लिहल गइल बा. फिल्म के शेष भाग कहानी का मांग पर कश्मीरी परिवेश में फिल्मावल जाई.

बतावल जरुरी बा कि एही फिल्म से एगो कश्मीरी अभिनेत्री, रितु मेहरा, भोजपुरी फिल्म जगत में डेग धरे जा रहलबाड़ी. एह फिल्म के एगो अउरी खासियत बा कि अनेकन सफल फिल्म बना चुकल निर्देशक बौबी सिंह एह फिल्म से अभिनय का क्षेत्रो में कदम रख दिहले बाड़न. फिल्म का एडिटिंग का दौरान जेही बौबी सिंह के काम देखल उहे जम के सरहलसि.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव, अजय दीक्षित , मॉडल से अभिनेत्री बनल महक मल्होत्रा, भोजपुरी के मशहूर लोक गायिका वर्षा तिवारी आदि शामिल बा लोग.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।