बिहार के बदहाली खातिर लालू जिम्मेदार : आईएएस अधिकारी

नई दिल्ली, 13 अगस्त (आईएएनएस). बिहार कैडर के एगो प्रशासनिक अधिकारी राज्य में साल 1990 से 2005 का बीच ‘कुशासन’ खातिर तब मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद के जिम्मेदार ठहरवले बाड़न. ओह बीच उनुकर पत्नी राबड़ीओ देवी सत्ता में रहली.

वर्ष 1985 बैच के अधिकारी संतोष मैथ्यू डॉक्टरेट के उपाधि लेबे खातिर ब्रिटेन के ‘ससेक्स विश्वविद्यालय’ के ‘इंस्टीट्यूट ऑफ डेवलपमेंट स्टडी’ (आईडीएस) में प्रस्तुत अपना शोधपत्र में कहले बाड़न कि स्वतंत्र विचार वाला ई बिहार के नेता अपना शासनकाल में ‘राज्य के संसाधन क्षमता के जानबूझके कम अँकलन’.

आईडीएस के प्रोफेसर मिक मूर के साथे मिलके तैयार कइल अपना शोध पत्र ‘स्टेट इनकैपिसिटी बाई डिजाइन : अंडरस्टैंडिंग द बिहार स्टोरी’ में आंकड़ा अठर उद्धरण दे के कहल गइल बा कि तब शासन ‘विशेष रूप में खराब’ रहल.

मैथ्यू एह समय बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के प्रशासन में ग्रामीण विकास विभाग के प्रधान सचिव बाड़े. समुझल जा ता कि ऊ अपना खर्च पर डॉक्टरेट के अध्ययन करे छूट्टी लिहले रहले.

इंडो-एशियन न्यूज सर्विस

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।