मिस्की
- कृष्णदेव घायल

मिस्की

ऊ जात रहल
मुस्कियात रहल
देखि के
हालत
मोरो ।

सोचि के
कि-
पहिले
कतना में
ऊ का रहल।

मोहूँ के
हँसी आ गइल
सरमा गइल
मुस्किअइनी
आ-
भुला गउवे
मिस्की
ओकर।

(मुस्की प्रसन्नता के भाव प्रदर्शन हवे। मिस्की द्वेष लभेरल तिरछी मुस्कान।)

– कृष्णदेव घायल

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts