कुछ दोहा

-चंदन मिश्र

डाढ़ी जर अब गाछ के, बाटे रहल बटोर।
आखिर फल कइसे मिली, पत्ता पत्ता चोर॥

जर से ले के डाढ़ तक, केहू ना कमजोर।
केहू अधिका ले गइल, केहू थोरका थोर॥

जब घरहिं के लोग कइल, आपन देस गुलाम।
जिअते जी जे मर गइल, ओकरा से का काम॥

पानी मेहनत खेत सब, आपन कहे किसान।
नेताजी के पेट में, चहुँपल सारा धान॥

सर-सर करते जब चलल, मुखिया जी के कार।
आपन टूटल साइकिल, बाह बाह सरकार॥

सभका खातिर एक बा, भइया ई कानून।
साँझे छूटल, जे कइल भोरे दस गो खून॥

काल्हे ले जे जोड़लस, आपन दूनो हाथ।
पाँच बरिस के बाद मिलि, अइसन कहवाँ साथ॥

लूटल पहिले पाँच जे, लूटल आज पचास।
भइल कहां बा आजतक, अतना तेज बिकास॥

नइखे आपन घर कहीं, ई कइसन भगवान।
तबहूं पूजे रात दिन, सारा हिन्दुस्तान॥

कोई लउके जब कहीं, तनिओ मनी प्रसन्न।
पहुँचावल जे दुख उहे, बाटे मानुष धन्न॥

लीटर के मीटर घटल, पूरा गड़बड़ खेल।
सस्ता ‘चंदन’ खून से, भइल किरासन तेल॥


मढ़ौरा, छपरा

5 Comments

  1. omprakash amritanshu

    भ्रष्टाचार के आंखमिचोली खेल के बड़ी बढ़िया से रचल बा .चंदन मिश्र जी बहुत -बहुत धन्यवाद !

    ओ.पी.अमृतांशु

  2. nikhil pandey

    चन्दन जी बेहतरीन लिखले बानी ..हर पंक्ति बेहतरीन..

    • चंदन कुमार मिश्र

      निखिल पांडेय जी,
      बहुत बहुत धन्यवाद, एह रचना पर आपन बिचार देवे के खातिर।

    • Prakant singh

      रउओ कुछउ लिखी । रउओ तऽ बडा सुन्दर लिखेनी

  3. Prakant singh

    राउर ई रचना कमाल के बाऽ



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।