कोलकाता के मॉडल सुजीत गुप्ता भोजपुरी में

SujitGupta-DivyaDvivediकोलकाता के मशहूर मॉडल सुजीत गुप्ता अभिनय के क्षेत्र में डेग धरत भोजपुरी फिलिम “ठोक देब” से अपना पारी के शुरुवात कइले बाड़न. यश एंड राज इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत निर्देशक अजय कुमार के एह फिलिम में सुजीत गुप्ता एगो इमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़ें. उनुका साथे बाड़ी अभिनेत्री दिव्या द्विवेदी .

कोलकाता में दर्जनो रेम्प शो, प्रिंट एड, कलेंडर शूट वगैरह आदि कर चुकल सुजीत के कहना ह कि ऊ अभिनय का बारे में सोचलो ना रहले बाकिर जब उनुका अपना भाषा भोजपुरी में फिलिम करे के मौका मिलल त ना ना कर पवलें. बतवलें कि फिलिम ठोक देब के अलावहु उनुका कईएक फिलिमन के प्रस्ताव मिलल बा. कुछेक फिलिमन के शूटिंग जल्दिए शुरू होखे वाला बा.

ठोक देब में पवन सिंह, अक्षरा सिंह, नीलिमा सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, मनोज द्विवेदी, बालगोविन्द बंजारा वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़ें, साथही अभिनेत्री संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंता के आयटम नंबरो एह फिलिम में बा.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।