– डा0 अशोक द्विवेदी

DrAshokDvivedi

कुछ नया कुछ पुरान घाव रही
तहरा खातिर नया चुनाव रही ।

रेवड़ी चीन्हि के , बँटात रही
आँख में जबले भेद-भाव रही ।

अन्न- धन से भरी कहीं कोठिला
छोट मनई बदे अभाव रही ।

भाव हर चीज के रही बेभाव
जबले हमनी के ई सुभाव रही ।

एक दिन शहर, भाग के आई
आसरा देबे वाला गाँव रही ।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।