गुंजन पंत के ‘छैल छबीला बलमा’ मुंबईओ में हिट भइल

भोजपुरी फिलिमन के सेक्सी बाला गुंजन पंत के जलवा मुंबईओ में खूब देखे के मिलत बा. एहिजा रिलीज भइल गुंजन पंत के फिल्म ‘मोरा बलमा छैल छबीला’ देखे खातिर दर्शकन के भारी भीड़ उमड़त बा. नायक बाड़े भोजुपरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनंद. गुंजन पंत अपना नायक विनय आनन्द के साथ फिल्म ‘मोरा बलमा छैल छबीला’ के प्रोमोट करे खातिर जब भिवंडी चहुँपली त ओहिजा एगो बड़हन भीड़ जुट गइल गुंजन के एक झलक देखे खातिर. कुछ लोग उनुका के बधाई दिहल आ कहल कि अपने के अदाकारी दिल जीत ले जाले.

“छैल शबीला बलमा” फिल्म हर जगहा हाउसफुल चलत बिया. अपना भिवंडी यात्रा के ना भूले वाला याद बतावत गुंजन के कहना बा कि भिंवडी के ऊ कबो ना भुला पइहें. एहिजा के लोग उनुका के भरपूर प्यार दिहल.

गुंजन पंत के ‘मार देब गोली केहू ना बोली’ फिल्मो के लोग हर जगहा पसंद कइले रहे. एह फिल्म में उनुका डांस ब्लास्ट के दर्शक भरपूर आनंद उठवले. अपना प्रशंसकन के गुंजन आटोग्राफ दिहली, कुछ लोग का साथे फोटो खिंचववली आ भिवंडी के खानपान के भरपूर मजा लिहली. कुछ दर्शक गुंजन के अपना परिवारो से मिलवले.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।