रविन्द्र सिंह ले आवत बाड़े ‘जियतानी हम तोहरे आस में’
-

भोजपुरी के कई हिट धारावाहिकन के निर्देशक रहल रविन्द्र अब भोजपुरी परदा खातिर ‘जियतानी हम तोहरे आस में’ नाम के फिलिम ले आवत बाड़े. विन्ध्यवासिनी फिल्म प्रोडक्शनस् के बैनर तले बनल एह इस फिल्म में अविनाश शाही, पुजा सिंह, अली खान, अनिता सिंह, सारिका संघमित्रा, राकेश कुमार, विजय कुमार, प्रेम दीवाना, रंजीत सिंह, श्याम कुमार आ उदय श्रीवास्तव के भूमिका बा.

एह फिल्म का माध्यम से देखावल गइल बा कि शिव आजुवो गुरू बाड़े. फिल्म के निर्माता विजय कुमार आ प्रेम दीवाना, निदेशक रविन्द सिह, गीतकार अशोक सिन्हा अउर प्रेम दीवाना, आ संगीतकार शम्स जमील हउवें.

फिल्म की शुटिंग गढ़वा, डाल्टेनगंज, पलामू में कइल गइल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts