घूसखोरी के आरोपी कांग्रेसी मंत्री इस्तीफा दिहलन

देश के बचल खुचल राज्य में कांग्रेस के सरकार बाचल बावे बाकिर घोटाला के आदत छूटले नइखे छूटत. अब केरल के वित्त मंत्री केएम मणि के मजबूरन इस्तीफा देबे के पड़ल बा. उनुका पर बार चलावे वालन से घूस ले के बार वालन के लाइसेंस रिन्यू करे के आरोप में अदालत का तरफ से कहल गइल रहुवे कि आम आदमी के संदेश ना जाए के चाहीं कि समरथ के ना दोष गुसाईं आ बड़का लोग कतनो बड़ अपराध क के कानून से बाच सकेला.
अदालत के लागत बा कि मणि का खिलाफ पर्याप्त सुबूत बा आ उनुका खिलाफ जाँच के काम आगे चले के चाहीं.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।