चीता के फर्स्ट लुक जारी भइल

दू गो नारी प्रधान फिलिम ’फूल बनल अंगार’ आ ’एक बार फिर मैंने प्यार किया’ बना चुकल निर्माता अभिषेक धारीवाल के कंपनी मैंगो मोशन मूवी प्रोडक्शन के तिसरकी पेशकश भोजपुरी फिलिम ’चीता’ के फर्स्ट लुक जारी कर दिहल गइल बा. एकर निर्देशक हउवन प्रदीप श्रेष्ठ आ संगीतकार महेश धड़क.

अमिताभ गुंजन प्रस्तुत एह फिलिम में नायक बाड़ें विराज भट्ट. फिलिम जल्दिए पूरा देश में रिलीज कइल जाई. ई फिलिम पूरा तरह से भारतीय, पारिवारिक माहौल पर बनल एक्शन फिल्म हवे आ दर्शकन के निकहा मनोरंजन करी.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment