छठ से पहिले किरिया ले लीहन नीतीश कुमार

बिहार के पाँचवा बेर मुख्यमंत्री बने जात नीतीश कुमार छठ का पहिले मुख्यमंत्री पद के किरिया ले सकेलें. बाकिर सुने में आवत बा कि लालू प्रसाद के परिवार में भनभन शुरु हो गइल बा. लालू के दुनू बेटा विधायक बन गइल बाड़ें आ बेटी मीसा भारती लोकसभा चुनाव हरला का बावजूद राजनीतिक आकाक्षा पोस के बइठल बाड़ी. गठबन्हन के सबले बड़का दल होखला का नाते मुख्यमंत्री राजदे से होखे के चाहीं एह तरह के बात सुने में आवत बा. वइसे जवन समझौता सामने बावे तवना हिसाब से जदयू के 14 गो, राजद के 16 गो, आ कांग्रेस के 5 गो मंत्री रहीहें. उपमुख्यमंत्री पद पर केहू रही कि ना से अबहीं तय नइखे भइल बाकिर राजनीतिक गपशप का हिसाब से उपमुख्यमंत्री बनावल जाई आ ऊ लालू के परिवारे से केहू होखी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।