अदालत पूछलसि कि छठ पूजा में सेलिब्रिटी के का जरूरत
-

मुंबई में छठ पूजा का मौका पर जुहू बीच पर एगो कार्यक्रम आयोजित करे खाति बिहारी फ्रंट नाम के संगठन के अनुमति दिहला का बाद प्रशासन एह आयोजन में कवनो सेलिब्रिटी के बोलावे पर रोक लगा दिहले बावे. एकरा बाद बिहारी फ्रंट शिकायत ले के अदालत चहुँपल त अदालत से सवाल सुने के मिलल कि आखिर छठ पूजा में कवनो सेलिब्रिटी के बोलवला के जररत का बा.
फ्रंट के कहना बा कि ऊ केकरा के बोलावत बा आ केकरा के ना एह पर सवाल ना उठावल जा सके. कहलसि कि लोकसभा स्पीकर रहल मीरा कुमार के बोलावल गइल बा आ ऊ खुद एह पूजा में शामिल होखल चाहत बाड़ी. आ प्रशासन का लगे कवनो अइसन जायज कारन नइखे जवना से ऊ एह पर रोक लगा सके.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..