‘छिछोर बलमा’ रिलीज़ ला तइयार

ChichoraBalam2कोबरा एंटरटेनमेंट के बैनर तले बानी फिलिम ‘छिछोर बलमा’ के शूटिंग हाल ही में पूरा भइल आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के कामो लगभग पूरे होखे वाला बा. अगिला महीना एकरा के रिलीजो क दिहल जाई.

‘छिछोर बलमा’ में वीरेंद्र कुमार मुख्य किरदार के भूमिका कइले बाड़न. वीरेंद्र कुमार एहसे पहिले ‘भाई हो तो अइसन’ आ ‘नंदू निकम्मा’ में दर्शकन का सोझा आ चुकल बाड़ें आ दर्शक उनका के पसंदो कइले रहन.

‘छिछोर बलमा’ से कलाकार जेई आ पायल सिंह अपना फिलिमी करिअर के शुरुआत करीहें. दुनू के काम एह फिलिम में बढ़िया रहलबा. त्रिलोकी चौबे एकर निर्देशन करत बाड़ें. अनेके हिंदी फिलिम निर्देशित क चुकल त्रिलोकी चौबे के ई पहिला भोजपुरी फिलिम ह.

पूरा शूटिंग मुंबई में भइल बा. कहानी पूरा तरह से कॉमेडी फैमिली ड्रामा के बा. अइसन फिलिम शायद अबही ले भोजपुरी में देखे के नइखे मिलल.

एहमें कुल ९ गो गाना बा जवना के संगीत विनय बिहारी आ राजेश गुप्ता के बा. गाना नवहियन के पसंद ध्यान में राखत बनावल बा. भोजपुरी फिलिमन में कॉमेडी के तड़का त पड़त आइल बा बाकिर पहिला बेर पूरा फिलिमे कॉमेडी प बनल बा.

निर्माता – जे .ऐ.अहसानी, निर्देशक त्रिलोकी चौबे, सिनेमेटोग्राफर निमेश.

मुख्य कलाकार – वीरेंद्र कुमार, जेई, प्रतिभा पाण्डेय अउर पायल सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।