जब फौजी जवान फौजी देखे चहुँपले

बिहार में पिछला महीना रिलीज फिल्म “फौजी” देखे जब पलामू जिला के डाल्टेनगज के मोहन टाकीज में ओहिजा के फौजी जवान चहुँपले त “फौजी” देखे आइल फौजियन के देखे खातिर भीड़ उमड़ पड़ल. डी एस फिल्म्स एंटरटेमेंट का बैनर में पराग पाटिल का निर्देशन में शिवम तिवारी फौजी के टायटल किरदार कइले बाड़न आ उनुकर अभिनय यादगार रहल बा. फिल्म के कहानी आ पटकथो शिवमे तिवारी के लिखल ह. संवाद लिखेल बाड़न जीतेन्द्र सुमन आ गीत लिखल हवे विनय बिहारी के. संगीत दिहले बाड़न राज सेन आ आर पी ठाकुर. नृत्य निर्देशन ओमी के बा आ कैमरा संचालन जगमिंदर हुँडल के. फिल्म के कलाकारन में शिवम तिवारी, रानी चटर्जी, विनय बिहारी, दीपक भाटिया, मीनाक्षी, माया यादव, संजय श्रीवास्तव, अजय चोपड़ा वगैरह लोग काम कइले बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments