जहानाबादी रंगबाज
-

नक्सल प्रभावित जहानाबाद का नाम से भलही लोग के साँस रुक जात होखे बाकिर ओहिजा के गलियन मेंखूब खेलल बाड़े हैदर काजमी. एही चलते उनुका हर फिल्म में जहानाबाद के रंगबाजी नजर आवेला. अपराध पर बनल हिन्दी फिल्म “पथ” का बाद जहानाबाद के एह रंगबाज स्टार के पहिलका भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” पूरा हो चुकल बा. फिल्म के निर्देशक शिवराम यादव यूपी के अपराध जगत के बहुते नजीक से देखले बाड़न. फिल्म के नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. हैदर काजमी आ रानी चटर्जी दुनु जने निर्देशक शिवराम यादव के तारीफ करत कहले कि फिल्म “रंगबाज” एक्शन पैक्ड होखला का बावजूद इमोशनल आ इंटरटेनमेंट फिल्म होखी आ एकर सफलता तय बा. देवरिया निवासी निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि एह फिल्म से हैदर काजमी जइसन मजगर कलाकार भोजपुरी सिनेमा के मिल रहल बा. फिल्म में हैदर आ रानी के केमिस्ट्री बहुते बढ़िया रहल.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..