जुर्म के दुनिया क ‘पागल प्रेमी’ में विनय आनन्द आ संजय पांडे के बादशाहत

आजु के भठियारा सिस्टम में अझुरा के एगो बाहुबली का इशारा पर अपराधी बनल “पागल प्रेमी” विनय आनंद आ बाहुबली रणवीर सिंह बनल संजय पांडे सिनेमा का परदा पर आपन आपन बादशाहत देखइहें. फिल्म में विनय आनन्द आ संगीता तिवारी के मुख्य भूमिका बा आ खलनायक नंबर वन बाड़े संजय पांडे. जल्दिए रिलीज होखे वाली एह फिल्म का बारे में भोजपुरी फिल्म जगत अबहिए से चरचा में लागल बा.

सविताश्री प्रोडक्शन के बैनर तले ‘पागल प्रेमी’ के निर्माता नवीन कुमार सिंह, निर्देशक आ कहानीकार अजय कुमार, गीतकार राजेश मिश्रा, फनीन्द्र राव आ कृष्णा बेदर्दी, संगीतकार राजेश गुप्ता, एक्शन डायरेक्टर दिलीप यादव आ डांस डायरेक्टर एन्थोनी अउर ज्योति आनन्द हउवें.
कलाकारन में विनय आनन्द, संगीता तिवारी, अजीत आनन्द, श्री कनकनी, अनूप अरोरा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, परितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह, पुष्पांजलि, बोल गोविंद बनजारा आ नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डेय बाड़े.


(शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।