जौनपुर में संजय पांडे

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे हउवन त आजमगढ़ के बाकिर एह घरी डेरा डलले बाड़न जौनपुर में. ओहिजा उनुकर फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के शूटिंग होखत बा. शूटिंग का बीच संजय पांडे जौनपुर आ ओहिजा के गरमागरम जलेबी के मजा लेत बाड़े. सबेरे सबेरे जलेबिये के नाश्ता होखत बा उनुकर सेट पर आवे से पहिले. कहतारें कि गजबे के उर्जा बा एहिजा के कचौड़ी जलेबी में जवना के सवाद एहिजा के मिलनसार आ मेहनती जौनपुरिया लोग से अउरी बढ़ि जात बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।