टाईगर के दहाड़ अब यूपी में

Tiger-Praveshसिनेमा भोजपुरी के स्टार प्रवेशलाल यादव के फिलिम ‘टाईगर’ पिछला शुक के यू०पी० में रिलीज भइल त वाराणसी आ गोरखपुर में रिकार्ड ओपनिंग लिहलसि. एह फिलिम में प्रवेश के शानदार एक्शन स्टंटस् दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा. निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के बैनर तर बनल एह फिलिम में प्रवेश के जोड़ी शुभी शर्मा संगे जमल बा. साथही मनोज टाईगर, तेज सिंह, समर्थ चर्तुवेदी आ अवधेशो मिश्रा के भूमिका मजगर बाड़ी सँ.

बतावे जोग बा कि ‘टाईगर’ बिहार में पहिलही सफलता के झंडा गाड़ चुकल बावे.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।