दिलीप कुमार के घर के स्मारक बनाई पाकिस्तान

मशहूर अदाकार दिलीप कुमार के पाकिस्तान के पेशावर वाला पुश्तैनी घर के संरक्षित स्मारक के रूप मे विकसित करे के फैसला लिहले बिया पाकिस्तान सरकार. खंडहर बन चुकल एही छोटहन घर मे दिलीप कुमार के जनम भइल रहे.
क्रिकेट से राजनीति में आइल इमरान खान के पाकिस्तान तहरीक ए इन्साफ पार्टी के नेतृत्व वाली खैबर पख्तूनख्वा सरकार के संस्कृति विभाग के संसदीय सचिव आरिफ यूसुफ आजु मंगल का दिने पेशावर में दिलीप कुमार के किस्सा ख्वानी बाजार खुदादाद मुहल्ला वाला घरे जा के देखलन आ पत्रकारन से कहलन कि अभिनेता के पूर्वजन के एह धरोहर के संरक्षित कइल जाई.
कहलन कि बरीसन खाली रहला का बादो मकान के दीवार सुरक्षित बाड़ी स आ थोड बहुत मरम्मत क के एकरा के फेरू सुन्दर बनावल जा सकेला. एहमें समयो अधिका ना लागी आ जल्दिए एकरा के संग्रहालय बना दीहल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।