मजदूर समुदाय पर बनल फिलिम ‘रेजा’
-

Rejaके.बी. इण्टरप्राईजेज के प्रस्तुति आ राइडरमैन फिल्म्स अउर सुकृति फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘रेजा’ के पोस्ट प्रोडक्शन आजुकाल्हु मुम्बई के रीमा आर्ट्स स्टूडियो में तेजी से चलत बा.

निर्माता हउवें कबीर भट्ट आ निर्देशक अजय के. झा. संगीतकार अमन श्लोक, गीतकार अरविंद तिवारी, अउर फणीन्द्र राव, लेखक बिट्टू सिंह, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी अउर महेश आचार्या, एक्शन हीरा लाल यादव, कैमरामैन नीतू इकबाल आ सह-निर्माता ज्योति भट्ट हउवें.

कलाकार बाड़े मनोज दाव, निरुपमा श्री, मोहिनी घोष, दीपक भाटिया, देव सिंह, देव कुमार, हीरा यादव, संजय वर्मा, गंगा वर्मा, संगीता सिन्हा, नीता, ललित झा, आइटम क्वीन सीमा सिंह वगैरह.

फिलिम का बारे में निर्माता कबीर भट्ट बतवले कि एकर कहानी ईंट भट्टा पर काम करे वाला मजदूरन पर बनल बा. एहमें एक्शन का संगही रोमांस आ कॉमेडीओ बा. निर्देशक अजय के. झा बतवले कि फिलिम के पूरा शूटिंग सीतामढ़ी में करावल गइल बा. एकरा के हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें काहे कि एहमें मनोरंजन का साथही एगो संदेशो मिलत बा.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts