"दरिया दिल" के मिलल धर्मेन्द्र के साथ
-

Dharmendra-DariaDilहिंदी फिल्म जगत में अनेके बड़हन बड़हन फिलिम निर्देशन कर चुकल विमल कुमार भोजपुरी में “देस परदेस” बनवले. अब उनकर दोसरकी भोपजरी फिलिम “दरिया दिल” जल्दिए शुरू होखे वाली बा. हिंदी फिल्म जगत के ही मेन धर्मेन्द्र के आशीर्वाद ले के एकरा गाना के रिकोर्डिंग पिछला दिने शुरू भइल.
निर्देशक विमल कुमार के पहिलका भोजपुरी फिलिम “देस परदेस” में धर्मेन्द्र एगो अहम् भूमिका बाड़े. जब उनका जानकारी मिलल कि विमल कुमार आपन दोसरकी भोजपुरी फिलिम निर्देशन करे जात बाड़े त धर्मेन्द्र खुदे पूरा यूनिट के बधाई दे दीहलन.
मुंबई टाकिज के बैनर तले बनत एह फिलिम के निर्माता वरदान आष्टा हउवें आ मुख्य भूमिका में कुणाल सिंह, दिलदार सांवरिया फेम यश कुमार, रानी चटर्जी, राखी त्रिपाठी, राकेश पांडे, संजय पाण्डेय,नीलिमा सिंह, वगेरह बाड़े.
गीतकार विनय बिहारी आ संगीतकार राजेश गुप्ता हउवें, जबकि छायांकन अनिल धानडा के बा.
फिलिम के शूटिंग अगिला हफ्ता शुरू होखे जात बा.


(उदय भगत)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..