अगहन महीना ले अँजोरिया पंचमी का दिने काल्हु अयोध्या में श्रीराम जी सहित चारो भाईयन के विवाहोत्सव धूमधाम से मनावल गइल. पारम्परिक रस्म का बाद बिहउती भवन, दिव्य कला कुंज, आ भगवदाचार्य सदन से भगवान श्री राम समेत चारो भाईयन के बारात निकलल जवन मंदिर में पहुँचल आ ओहिजा बिआह के रस्म पूरा कइल गइल. देश के कुछ दोसरो जगहन पर विवाहोत्सव के एह तरह के कार्यक्रम भइली सँ आ लोग भगवान के बिआह के उत्सव मनावल.
0 Comments