नाजायज कमाई डी एम के सँउपे के आदेश
-

करीब दु साल पहिले घूस लेत रंगे हाथ पकड़ाइल मोटर वाहन निरीक्षक रघुवंश कुंवर आ उनका मेहरारू ललिता देवी के विजिलेंस अदालत आपन नाजायज संपत्ति पटना के डी॰एम॰ के सँउप देबे के आदेश दिहले बा. रघुवंश कुंवर का घर पर पड़ल छापा में करीब ४५ लाख के नाजायज संपत्ति मिलल रहे जवना में करीब दु लाख रुपिया नगद, आ चौदह लाख के गहना शामिल बा. रघुवंश कुंवर तब औरंगाबाद के मोटर वाहन निरीक्षक रहलें. बिहार स्पेशल कोर्ट एक्ट २००९ का तहत बनल स्पेशल विजिलेंस कोर्ट के अइसनका ई पहिला आदेश बा आ एह से पूरा प्रदेश के अधिकारियन के आत्मा काँप गइल बुझात बा. अबले हद से हद होत रहे कि लोग के निलमंबित कर दिहल जात रहे आ मुकदमा चलत रहे. बाद में सभे सभ कुछ भुला जात रहे आ लोग नाजायज आमदनी के मलाई चाभे खातिर आजाद रहत रहे. बिहार से भ्रष्टाचार खतम करे के नीतीश के एह जिद्द के स्वागत होखे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts