नचनियन के जिनिगी के दर्द देखाई ‘नाच दुलारी नाच’

शादी बिआह में नाच के महफिल सजावे वाली नचनियन के आपन जिनिगी कतना बदरंग होला एकर सच्चाई देखे के मिली भोजपुरी फिल्म ‘नाच दुलारी नाच’ में.

बालाजी सोलिटर फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर में बनल एह फिलिम के पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सकेला कहना बा निर्माता विनोद त्रिवेदी आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के. एहमें एक से बढ़ के एक बढ़िया गीत बाड़ी सँ जवना के संगीतकार हउवें राकेश त्रिवेदी. पटकथा लेखक केशव राठौड़, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, कैमरामैन प्रिंस, गीतकार राकेश निराला, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा, आ एक्शन डायरेक्टर हेमल सी.

‘नाच दुलारी नाच’ के मुख्य कलाकारन मे श्री कनकनी, यश त्रिवेदी, जफ़र खान, उदय श्रीवास्तव, रोहित सिंह मटरू, चंदन पुरुषोत्तम बाड़ें. एहमें पहिला बेर लोग संगीतकार राकेश त्रिवेदी के आइटम डांसर सीमा सिंह संगे नाचत देखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।