पंचायत बावना में एक पन्ना भोजपुरिओ खातिर

Bhojpuri Panchayat Patrikaआजुवे इमेल से मिलल लिंक से डाउनलोड कइनी नोएडा से छपल भोजपुरी पंचायत पत्रिका के पहिलका अंक. कवर समेत बावन पन्ना के एह पत्रिका में भोजपुरी में एक पन्ना दिहल गइल बा. बाकिर सब कुछ हिन्दी में, कविता, कहानी, लेख सगरी हिन्दी के. हँ एह पत्रिका से साफ पता लाग जात बा कि भोजपुरी के मौजूदा कर्णधार के के बा, के के हो सकेला. हालांकि एगो चेहरा जरूरे बेजगहा लागल आ ऊ चेहरा ह नीतीश कुमार के. पता ना का सोच के भा कवना मकसद से नीतीश कुमार के फोटो भोजपुरी के रियल हीरो के समूह में शामिल कइल गइल बा. भोजपुरी खातिर नीतीश कुमार के योगदान के जानकारी हमहू पावल चाहब. खैर, चूंकि लगभग पूरा पत्रिका हिंदी में एह से हमरा ढेर ध्यान देबे के जरूरत ना लागल. भोजपुरी पंचायत पत्रिका भोजपुरी के कम भोजपुरी राजनीति के पत्रिका बेसी लागल. गंगा बहल शुरू ना भइली बाकिर नहाए हाथ धोवे के तइयारी पूरा बा. दिल्ली में देश के दिल बसेला. ओहिजा से राजनीति चलावल चमकावल बहुते आसान होला. बाकिर अगर ई पत्रिका भोजपुरीए में रहीत त जरूरे बहुत नीक लागीत. पत्रिका के साज सज्जा, छपाई के गुणवत्ता बहुते बढ़िया बा. देखे लायक होखी कि ई पत्रिका भोजपुरी इलाकन में कब ले आ कइसे चहुँपत बा. भोजपुरी पत्रिका प्रकाशित कइल बहुत खर्चा वाला काम होला आ ओकर खरचो निकालल दूभर होले. बाकिर हिंदी में पत्रिका होखला का चलते एह पत्रिका के विज्ञापन के भरपूर समर्थन मिली एकर उमेद कइल जा सकेला आ उहो लोग एकरा के चाव से पढ़ सकेला जेकरा भोजपुरी बोले समुझे त आवेला बाकिर लिखे पढ़े ना.
एह पत्रिका के संपादक, प्रकाशक, आ मुद्रक कुलदीप कुमार हउवें. पत्रिका के बेसी जानकारी फोन 011-43022731 से लिहल जा सकेला.
रउरो चाहीं त एह पत्रिका के http://www.bhojpuripanchayatlive.com/June-Cover.pdf से डाउनलोड कर सकीलें.

1 Comment

  1. चंदन कुमार मिश्र

    अच्छा त ना लागी बाकिर हमरा समझ में ई पत्रिका ठीक नइखे। हमरो लगे ईमेल से पहुँचल रहे।



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।