पवन सिंह आ मोनालिसा के जोड़ी

भोजपुरियो सिनेमा में हीरो हीरोइन के खास जोड़ी सराहल जाले आ आजुकाल्हु जवन जोड़ी बेसी चरचा में बा ऊ हवे पवन मोनालिसा के जोड़ी.
देवरा बटा सतावेला अउर सईया का साथ मड़ईया में जइसन हिट फिल्म देबे वाली जोड़ी अबही आगहू कई गो फिलिमन में लउकके वाली बा.

पवनो सिंह कहेले कि मोनालिसा का साथे उनकर जोड़ी दर्शकन के खुब पसन्द आवेले. काहे कि मोनालिसा बढ़िया अदाकारा होखला का साथ साथ कमाल के डांसरो हई. एह जोड़ी के आवेवाली फिलिमन के नाम बा, गुण्डईराज, कुरुक्षेत्र अउर अब न चुप रहब.

लोकगायकी से अभिनय का ओर कदम राखे वाला पवन सिंह के प्रशंसकन के डबल खूशी मिलेला जब ऊ उनका के परदा पर एक्टिंग करे का साथ साथ गानो गावेले. पवनो सिंह के पूरा कोशिश रहेला कि उनका फिल्मन के संगीत बढ़िया रहो आ गाना सुने में नीक लागे. एहीसे ऊ हर फिल्म में खुद अपने आवाज में गाना गावेले. आखिर उनकर पहचान त गायकीए से भइल रहे एहसे ऊ अपना प्रशंसकन के कबो निराश कइल ना चाहस.


(स्रोत : खालिद)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।