रिंकू घोष जीत लिहली बनारस के दिल

भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ अदाकारा रिंकू घोष बनारस के दिल जीत लिहली. महुआ टीवी के डांस शो ‘नाच नचइया धूम मचइया’ के बनारस में ऑडिशन का मौका पर रिंकू घोष के वाराणसी चहुँपला के भनक लागते मीडिया एह ख़बर के प्रमुखता से प्रकाशित कइलसि आ रिंकू से मुलाकात कर के भोजपुरी सिनेमा के एह नंबर वन नायिका के दिल के बात जुबां तक लिवा दिहलसि. रिंकू घोष बतवली कि भोजपुरिया माटी में जवन सुगंध बा ऊ उनुका दुनिया में कहीं अउर ना मिले. बनारस से जुड़ल अपना पुरान याद ताजा करत बतवली कि मनोज तिवारी का साथे अपना पहिलका फिल्म ‘दरोगा बाबू आई लव यू’ के शूटिंग खातिर बनारस आइल रहली. कहली कि तब जायका के एह शहर में पिज्जा ना मिलत रहे. रिंकू घोष बनारस के कचौड़ी जलेबी, लौगलता आ लस्सी के आनंदो लिहली. साँझ भइल त निकल पड़ली गंगा घाट, जहां ऊ गंगा आरती में शामिल भइली आ बाबा विश्वनाथ के दर्शन पूजन करके भोजपुरी संस्कृति आ भोजपुरी सिनेमा के अउरी मजगर बनावे के आशीर्वाद बाबा विश्वनाथ से मँगली.
रिंकू घोष अगिला दिने वाराणसी के सिगरा स्थित हैप्पी मॉडल स्कूल में चलत ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के ऑडिशन में भोजपुरिया नौजवान के नचइबो कइली आ ओह लोग का साथे नचबो कइली. उनुका से भेट करे होटल का बाहर रिंकू के प्रशंसकन के भारी भीड़ जमा रहे. रिंकू घोष केहू के निराश ना कइली आ सबका साथे फोटो खींचवली आ ऑटोग्राफो दिहली.
‘बिदाई’ फिल्म के एह नायिका से मिले बहुते औरत आ स्कूली छात्रा आइल रही जे कहली कि ‘बिदाई’देख के ऊ लोग उनुका से मिले खातिर खिंचाइल चलि अइली.
ख़ैर, बनारस के दिल जीतके लवटल रिंकू घोष बहुते खुश बाड़ी बनारस के भोजपुरियन से भेंट कर के.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।