प्यार आ धोखा पर बनल ‘बिआह कइल जरूरी बा का’
-

बिआह कइल जरूरी बा कि ना एह सवाल के जबाब रिगल थियेटर फिल्म्स का बैनर में बनल भोजुपरी फिल्म ‘बिआह कइल ज़रूरी बा का’ में देखे के मिले वाला बा. एहमें रानी चटर्जी आ विराज भट्ट मुख्य किरदार में बा लोग. निर्माता हउवें मुन्ना रिज़वी अउर संगीत कुमार.

आजुकाल्ह के लड़िका प्यार मोहब्बत का नाम पर के तरह लड़िकियन के अपना जाल में फँसावेले आ ओकनी के शारीरिक शोषण करके समाज में मुंहो देखावे लायक ना छोड़सु, जवना चलते कई बेर ऊ मरे खातिर मजबूर हो जाली. अइसने एगो घिनौनी कुकर्म के असर फिल्म के नायिका रानीओ पर पड़त बा आ ऊ लड़िकन से नफरत करे लागतिया. बाद में रानी का ज़िनिगी में एगो अइसन लड़िका आवत बा जे ओकर सोच बदलवा देत बा. दुनु एक दुसरा से प्यार करे लागत बाड़. लेकिन ऊ लड़िका रानी के एगो अइसन पचड़ा में फँसा देता कि रानी के होश उड़ जात बा. ई सब देखला का बादे पता चली कि बिआह ज़रूरी बा कि ना.

मजेदार बाति ई बा कि एह फिलिम के कहानी खुद नायिका रानी चटर्जी लिखले बाड़ी. कलाकारन में रानी चटर्जी, विराज भट्ट, राज प्रेमी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, सी.पी. भट्ट, मेहनाज़, अयाज़ ख़ान, के.के. गोस्वामी, राम मिश्रा, रानी खान, डॉ. अभय आशियाना आ कूछ अउरी नाम शामिल बा.

रिगल थियेटर फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्देशक संगीत कुमार, संगीतकार राज सेन, गीतकार एस. कुमार, कैमरामैन रवि चंदन, नृत्य निर्देशक एंथोनी, संवाद मनोज के. कुशवाहा, सह-निर्माता शिवा चौधरी, क़मर कुरैशी आ कार्यकारी निर्माता मशकूर चौधरी, कमल यादव आ निलाभ तिवारी हउवें.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts