‘पागल प्रेमी’ में विनय आनन्द के इंटरनेशनल एक्शन

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द एह घरी अपना फिल्म ‘पागल प्रेमी’ ले के बहुते सुर्खियन में बाड़े. निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय गुप्ता के एह फिल्म के सबही चरचा करत बा भोजपुरी वर्ल्ड में. फिल्म में विनय आनंद के नायिका बाड़ी संगीता तिवारी.

एह फिल्म खातिर विनय आनन्द बहुते मेहनत कइले. कुंग फू आ तलवार बाजी सीखलें. विनय आनन्द कुंग फू के मास्टर सी.के. सिंह से मार्शल आर्ट्स, कुंग फू, तलवार बाजी आ किक बाक्सिंग सीखलन. रोजाना सबेरे समुद्र किनारे पत्थर पर विनय आनंद मार्शल आर्ट्स के अभ्यास कइलन. एह दौरान ऊ बीस फीट के जंप लगवले, जैकी चैन का तरह तलवारबाजी कइले. ट्यूब लाईट फोड़ल आ डंडा तूड़ल त उनुका अब बहुते आसान लागेला. एह ट्रेनिंग का दौरान विनय आनन्द आपन बडिओ बनवलन.

एक्शन भरल पागल प्रेमी एक दिन ज़रूरे हंगामा करी, ई सबके मानना बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।