प्रतिभा बा त सबकुछ बा, कहेली मोनिका सिंह बत्रा

monika-batra-6काल्ह ले एगो सामान्य दीखत देहरादून के बेटी मोनिका सिंह आजु भोजपुरी सिनेमा के स्टार बन गइल बाड़ी, उनकर नाम जुबान पर आवते राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय, नई दिल्ली के एगो कामयाब छात्रा के चेहरा सामने आ जाला. भोजपुरी फिलिम “एलान बा” से सुर्खियन में आइल मोनिका सिंह बत्रा अब भोजपुरी में हॉट केक बन गइल बाड़ी, हर निर्माता के पहिला पसंद. मोनिका के कईएक भोजपुरी फिलिम आवे वाली बाड़ी स. बाकिर फिलहाल उ ˜हम हैं जोशीले” से चरचा में बाड़ी.

“हम हैं जोशीले” में अपना रोल के दमदार बतावे वाली मोनिका के कहना बा कि उनका के एह फिलिम में नया अवतार में देखल जाई. निर्माता-निर्देशक अनिल सिनकर के एह फिलिम में मोनिका खेसारी लाल यादव संगे काम कइले बाड़ी. एह अनुभव के मोनिका बहुते बढ़िया बतावत कहली कि खेसारी लाल जी का साथे काम करत नीमन लागल.

कमे समय में भोजपुरी सिनेमा में मिलल अपना सफलता का बारे में मोनिका के कहना रहे कि अगर कलकार में दम बा त सभे ओकरा के पसंद करी. एहिजा प्रतिभा के पूजा होले. अगर प्रतिभा बा त सबकुछ बा ना त कुछउ नइखे. कहली कि फिलिम में आवे से पहिले पूरा तइयारी क लिहले रही. दर्शक हमरा काम के पसंद कइले आ निर्माता लोग के लागल कि हम बढ़िया कर सकीले. इहे हवे हमरा सफलता के राह.

कवनो खास किरदार करे के ईच्छा का बारे में मोनिका के कहना बा कि बहुते अइसन किरदार बा जवन उ इल चहीहें बाकिर समय से पहिले ना. जब समय आई त ओह किरदारन में नजर आईए जाएब. आगे के अबही कुछ सोचले नइखी मोनिका बाकिर कहली कि हर आदमी के अपना आवेवाला दिन का बारे में सोचे के चाहीं. अपना बारे में कहली कि जब समय मिली त सोच लीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments