प्रभुनाथ सिंह अपना प्रचार में लगलन

राजद नेता प्रभुनाथ सिंह काल्हु कहलन कि बिहार के महाराजंगज लोकसभा सीट के उपचुनाव मई में हो सकेला आ एह चुनाव में आपन उम्मीदवारी बतावत चनचौरा के मधोपुर गाँव में एगो सभा में कहलें कि उनकर लड़ाई सीधे नीतीश से बा. कहलन कि नीतीश से कबो उनकर दोस्ती रहल बाकिर अब नइखे. नीतीश सभका के ठगे के काम कइले बाड़न एहसे उनकर विरोध जरूरी हो गइल बा. कहलन कि एह राज्य में अउर कुछ के विकास भइल होखे भा ना शराब के जरूर बढ़न्ती भइल बा आ गाँवे गाँवे शराब के दोकान खोलवा दिहल गइल बा. अपना प्रचार में ऊ बनपुरा, चनचौरा वगैरह गाँवो के दौरा कइलें.

महाराजगंज के उपचुनाव सांसद उमाशंकर सिंह के निधन का चलते होखे वाला बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।