पटना में गोलीबारी से एगो छात्र के मौत
-

पटना के भिखना पहाड़ी इलाका में सोमार रात एगो लॉज में रहे वाला विद्यार्थियन आ मोहल्ला का लोग का बीच झगड़ा मारपीट में बदल गइल आ दुनु ओर से गोलीओ चलल. एह गोलीबारी में पटेल छात्रावास में रहे वाला एगो छात्र के मौत हो गइल आ दू गो विद्यार्थी घवाहिल हो गइले. दुनु के पीएमसीएच में भरती करावल गइल बा. एह घटना का विरोध में आजु मंगल का फजीरही से लड़िका बवाल काटे लगले जवना का बाद पुलिस बल प्रयोग कर के हालात पर काबू कइले बिया.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..