प्रवेश-शुभी के सुपरहिट जोड़ी ‘‘हीरो’’ में

भोजपुरी सिनेमा के युवा सितारा प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा के सुपरहिट जोड़ी निरहुआ इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत फिलिम ‘‘हीरो’’ में नजर आवे वाली बा. दक्खिन भारत के निर्माता निर्देशक के.एस.साई बाबा के एह फिल्म में प्रवेश-शुभी के एक दम नया अवतार देखे के मिली. दुनु जने दक्खिन भारत के मनोरम लोकेशनन पर इश्क फरमावत लउकीहें.

श्री सांई प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिल्म में प्रवेश लाल यादव, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, निलम, गोपाल राय, आयाज खान, सीमा सिंह आ सत्य प्रकाश के प्रमुख भुमिका बा. संगीतकार राजेश-रजनीश, गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार हउवें.

अबही एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन काम मुम्बई में होखत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।