अन्याय का खिलाफ पाखी के ‘‘खून भरी मांग’’
-

भोजपुरी के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब महिला प्रधान फिलिम ‘खून भरी मांग’ में प्रमुख भुमिका में नजर अइहें. फिल्म के लाँचिंग हाल ही में मुम्बई में कइल गइल. एह फिल्म में पाखी हेगडे अन्याय का खिलाफ लड़े के ऐलान करत बाड़ी. पाखी ‘‘खून भरी माँग’’ से बहुते उत्साहित बाड़ी.

फिल्म के निर्माता प्रदीप सिंह आ निर्देशक राज कुमार पाण्डेय हउवें. पाखी एहसे पहिले मै नागिन तू नगीना, दाग, औलाद आ संतान जइसन महिला प्रधान फिलिमन में जलवा देखा चुकल बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts