प्रियंका आ निक के सगाई

मुंबई, 18 अगस्त (वार्ता). बॉलीवुड का संगही हॉलीवुडो का फिलिमन में आपन छाप छोड़े वाली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के सगाई शनिचर का दिने उनुका से 11 बरीस छोट विदेशी गायक निक जोनस का साथे हो गइल.

पंजाबी परंपरा का साथे सगाई के रस्म प्रियंका का घरे पर भइल आ एह दौरान प्रियंका अउऱ निक के परिवार आ करीबी मौजूद गहलें. प्रियंका पीयर कपड़ा में रहली जबकि निक सफेद कुर्ता आ पायजामा पहिरले रहलें.

सगाई के तस्वीर सोशल मीडिया छवले बाड़ी सँ. साँझ के प्रीतिभोज में रणवीर सिंह, कंगना रनौत, आलिया भट्ट, अभिषेक बच्चन, ऐश्वर्या राय, अनुराग कश्यप, संजय लीला भंसाली, मुकेश अंबानी, दीपिका पादुकोण आ अउरिओ मशहूर हस्ती लोग के शामिल होखे के खबर बा.

अबहीं शादी के तारीख या त तय नइखे भा एकर एलान नइखे भइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।