खेसारी से दू करोड़ के रंगदारी मांगल गइल
-

छपरा 03 अगस्त (वार्ता). भोजपुरी फिलिमन के बड़का स्टारन में शुमार अभिनेता खेसारी लाल यादव (शत्रुघ्न यादव) थाना में केस लिखववले बाड़न कि उनुका से बिहार के सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के भतीजा दू करोड़ रुपिया रंगदारी मंगले बा आ ना दिहला पर जान से मारे के धमकी देले बा.

सारण जिला के रसूलपुर थाना इलाका के धानाडीह गाँव के रहे वाला भोजपुरी फिल्म अभिनेता अउऱी गायक खेसारी लाल यादव ई शिकायत रसूलपुर थाना में दर्ज करवले बाड़न.

लिखवले बाड़न कि महाराजगंज से सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के भतीजा सुधीर कुमार सिंह वल्द दीनानाथ सिंह उनुका से दू करोड़ रुपिया के रंगदारी मंगले बा आ ना दिहला पर जान से मारे के धमकी दिहले बा.

लिखवले बाड़न कि करीब दू बरीस पहिले सुधीर कुमार सिंह उनुका से रुपये के मांग कइले रहल आ एह साल 28 जून का दिने फेरु मोबाइल संख्या 7631725376 से फोन क के उहे मांग कइलसि आ ना त जान से मारे के धमकी दिहलसि.
साथ ही सोशल नेटवर्किंग साइट फेसबुको का जरिये जान से मारे के धमकी दीहल गइल बा.

अभिनेता खेसारीलाल राज्य सरकार से अपना परिवार के सुरक्षा के गोहार लगवले बाड़न.

एह बारे में थानाध्यक्ष संजय कुमार बतवलें कि सुधीर कुमार का खिलाफ भारतीय दंड विधान के धारा 384, 504 अउर 34 के तहत केस लिख के मामिला के जांच शुरू क दीहल गइल बा.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..