बलिया के एगो कंप्यूटर दुकानदार से मारपीट के लूट

बलिया सदर इलाका के मालगोदाम रोड पर प्रकाश कटरा में के एगो कशप्यूटर दुकान पर कुछ लोग चहुॅप के मारपीट कइल आ बैक भेजे खातिर राखल पाॅच लाख रुपिया आ पचीस गो लैपटापो लूट लिहल गइल. दुकानदार एह सगरी मामिला के अपना सीसी टीवी कैमरा के रिकार्डिंग पुलिस के दिहले बावे आ पुलिस तहकीकात में लागल बिया. बतावल जात बा कि कटरा में आमने सामने के दू गो दुकानदार का बीच गाहक फँसावे के लेके ढेर दिन से विवाद चलत आवत बा आ शायद इहे सब लेके ई घटना घटल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।