बलिया के तीन जने के लाश पटना में तालाब में मिलल

शनिचर का भोर में नालंदा मेडिकल कॉलेज का सामने का तालाब से तीन लोग के लाश निकालल गइल. एह तीनो के हाथ गोड़ गमछी से बान्हल रहुवे आ देह पर गोली लागे के निशानो मिलल बतावल जात बा. पोस्टमार्टम का बाद पता चली कि गोली लागल रहे कि चोट के निशान ह.
मरे वाला तीनो जन बलिया जिला के चांदपुर के रहलें जे एगो ट्रक पर दिल्ली से लोहा लाद के पटना खातिर चलल रहलें. ऊ ट्रक पटना के रानीपुर पैजाबा में एगो मोबिल दोकान का सोझा खड़ा मिलल रहे. ट्रक पर लिखल नंबर पढ़ के दुकानदार ट्रक मालिक के फोन कइलसि तब जा के सगरी मामिला खुलल. पुलिस के हैरानी एह बात पर बा कि जब माल ट्रक पर मौजूद मिलल तब एह लोग के हत्या के कारण का रहुवे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।