बलिया में चन्द्रशेखर जयंती मनल

काल्हु अतवार का दिने देश के प्रधानमंत्री आ बलिया के सांसद रहल स्वर्गीय चन्द्रशेखर के जयंती बलिया के चन्द्रशेखर उद्यान में मनावल गइल. एह मौका पर आयोजित हाफ मैराथन में बहुते नवही जोशोखरोश को साथे शामिल भइलें.
बलिया के वासुदेव निषाद 21.1 किलोमीटर के एह दौड़ के 1 घंटा 4 मिनट 22 सेकेऩ्ड में पूरा क के पहिला नंबर पर अइलें. बलिये के अनिल यादव 1 घंटा 4 मिनट 29 सेकेऩ्ड में आ गोरखपुर के प्रदीप कुमार 1 घंटा 4 मिनट 57 सेकेऩ्ड में पूरा क के दोसरका आ तिसरका जगा पर अइलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।