बहुरानी के पहिला शेड्यूल जौनपुर में पूरा

Bahurani
महिला समाज के आवाज को बुलंद करत राम मिश्रा क्रियेशन के भोजपुरी फिलिम ‘बहुरानी’ के शूटिंग के पहिला शेड्यूल पिछला दिने उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला में पूरा क लिहल गइल.

निर्माता शिवप्रकाश सरोज के एह पारिवारिक फिलिम के निर्देशन पराग पाटिल करत बाड़न. लेखक शिव प्रकाश सरोज, संगीतकार राम प्रवेश, गीतकार एस के चौहान अउर शिव प्रकाश, छायाकार जगमिंदर सिंह आ नृत्य निर्देशक अशोक मयंक हउवें.

केन्द्रीय भूमिका में शुभम तिवारी, अंजना सिंह, रविराज ‘दीपू’, पूनम दूबे, वीरेन्द्र चौहान ‘निरहू’, राम मिश्रा, अलिया अली, कामना सिंह, बबलू यादव, सुनीता सिंह, रोहित राज आ बालेश्वर सिंह शामिल बाड़ें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।